[the_ad_group id="30365"]

आग से मचल हाहाकार: असम के डिब्रूगढ़ में सात घर भइल स्वाहा, फिरोजाबाद में दुकान जरके खाक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

अतवार के सबेरे आगजनी के दुगो घटना सोझा आईल बा, जवना में पहिला घटना असम के डिब्बूगढ़ से भईल बा, जहां भारी आग लगला के चलते सात घर के आग भड़क गईल। दूसरा घटना फिरोजाबाद के काठ बाजार में भईल, जहां बाजार में लागल भारी आग के चलते बहुत दोकान जर के राख हो गईल। जानकारी के मुताबिक अतवार के सबेरे फिरोजाबाद के लकड़ी के बाजार में अचानक आग लाग गईल, आग लागे के कारण अबे ले पता नईखे चलल। बतावल जाता कि आग में 30 से जादा दोकान जर के राख हो गईल बा।

आग लगला के जानकारी मिलते फायर ब्रिगेड के गाड़ी मौका पs पहुंच गईले अवुरी आग पs काबू पावे के कोशिश में जुटल बाड़े।नगर विधायक मनीष असीजा, मेयर के प्रतिनिधि सुरेंद्र राठौर, एसपी सिटी सर्वेश कुमार मिश्रा, सीओ सिटी कमलेश कुमार मौका पs मौजूद बाड़े।सर्वेश कुमार मिश्र (एसपी सिटी) के कहनाम बा कि, “हमनी के करीब एक घंटा पहिले जानकारी मिलल रहे कि काठ बाजार इलाका में आग लाग गईल।” जहां फर्नीचर के काम होखेला…बहुत बड़ आग लागल रहे…” आग अबे ले काबू में नईखे आईल। इलाका खाली कs दिहल गइल बा। अबे ले कवनो हताहत के बारे में कवनो जानकारी नईखे मिलल। आग में करीब 24 दोकान के जलकर खाक हो गईल।”

डिब्बूगढ़ में भारी आग लगने से सात घर तबाह

आगजनी के दुसरका घटना असम के डिब्बूगढ़ के ह। आग के घटना के बारे में अधिकारी बतवले कि शनिवार के रात असम के डिब्रूगढ़ में भईल भारी आग में सात घर तबाह हो गईल। डिब्बूगढ़ नगरपालिका के उपाध्यक्ष उज्जवल फुकन कहले कि, “अबे ले हमनी के जानमाल के नुकसान चाहे कुछूओ के बारे में कवनो जानकारी नईखे मिलल। अबे ले हमनी के लगे एकमात्र जानकारी बा कि 6-7 घर में आग लाग गईल बा.. .”

फुकन कहले कि, “हम सुनले बानी कि आग लगला के चलते घर में राखल दु गैस सिलेंडर भी फाट गईल, जवना के चलते आग बहुत बड़ रूप ले लेलस।”उ कहले कि आग लागे के सही कारण के जांच कईल जाता। सूचना मिलते फायर ब्रिगेड के गाड़ी मौका पs पहुंच के आग पs काबू पावे खातीर अभियान शुरू कs देले, आग पs काबू पा लिहल गईल बा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]