[the_ad_group id="30365"]

पंजाब : खेल मेला के दउरान जोखिम भरल स्‍टंट करत समय युवक के ट्रैक्‍टर से कचरा के मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

पंजाब के गुरदासपुर में ट्रैक्टर से स्टंट करे के कोशिश जानलेवा साबित भइल आ मेला के माहौल गमगीन हो गइल। दरअसल एगो ग्रामीण खेल मेला के दौरान एगो 29 साल के युवक ट्रैक्टर पs जोखिम भरल स्टंट करत रहे। एह दौरान उनुका के ट्रैक्टर से कुचल के मउत हो गईल अधिकारी के मुताबिक, जिला के फतेहगढ़ चुरियन इलाका के सरचूर गांव में शनिचर के स्टंट करत सुखमनदीप सिंह के मउत हो गईल।

एह घटना के बारे में एगो प्रत्यक्षदर्शी बतवले बाड़े। उ बतवले कि इ घटना तब भईल जब सुखमनदीप टायर पs गोड़ राख के ट्रैक्टर पs चढ़े के कोशिश कईले।

उ बतवले कि जब ट्रैक्टर दु पहिया पs चलत रहे तब उ गाड़ी पs चढ़े के कोशिश कईले रहले। एह दौरान ऊ फिसल के गिर गइले। एकरा बाद उ ट्रैक्टर के टायर के नीचे आ गईले अवुरी कुचल गईले।

ई दृश्य देख के मउका पs मौजूद लोग अवाक हो गइले। कुछ लोग भी ओकरा के बचावे खातिर आगे आइल, लेकिन तब तक बहुत देर हो गईल बा।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]