[the_ad_group id="30365"]

मिर्जापुर में बस हादसा: ददरी बांध के लगे पलटल यात्रियन से भरल बस, चार लोगन के मौत; मचल चीख पुकार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मिर्जापुर से एगो बस हादसा के खबर बा। संतनगर थाना क्षेत्र के ददरी बांध के लगे हालिया जा रहल बस पलट गइल। हादसा में चार यात्रियन के मौत आ कइयन लोगन के घायल होखे के सूचना बा। घटना के जानकारी होखतही पुलिस मवका पs पहुंच गइल बिया आ घायलन के अस्पताल में भर्ती करावल जा रहल बा।

संत नगर थाना क्षेत्र के ददरी बांध के लगे सवारियन के लेके जा रहल प्राइवेट बस पलट गइल। हादसा में चार लोगन के मौत होखे के बात बतावल जा रहल बा। कइयन गो यात्री घायल हो गइल बा लो। सूचना पs पहुंचल पुलिस घायलन के उपचार खातिर अस्पताल ले गइल ।

मिर्जापुर से शिवराज नाम के बस हलिया के कुशियरा तक जाले। रास्ता में मड़िहान आ संतनगर क्षेत्र पड़ेला। सुक के सबेरे लगभग 50 सवारियन के लेके बस हलिया जात रहे। रास्ता में संत नगर थाना क्षेत्र के ददरी बांध के लगे अनियंत्रित होके पलट गइल। बस के पलटला से यात्री दब गइल लो। चीख पुकार मच गइल। स्थानीय लोग मवका पs पहुंचके यात्रियन के बाहर निकालल। सीओ लालगंज मंजरी राव बतवलें कि पांच के मौत के सूचना मिलल बा। जांच पड़ताल के बाद सही जानकारी दिहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]