[the_ad_group id="30365"]

हजरतगंज के होटल में लागल भीषण आग, दू लोग के मौत, मुख्यमंत्री योगी अस्पताल पहुंच घायलों का लिया हालचाल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश के लखनऊ में हजरतगंज इलाका में एगो होटल में सोमार के बिहाने भीषण आग लग गइल। आग होटल लिवाना में लागल बा। फायर ब्रिगेड के कई गाड़ी मौका पर आग पs काबू पवले में जुटल बा। धुआ के बीच कई लोग कमरा में फंसल बा। दम घुटले से कई लोग बेहोश हो गइल बाड़ें। जबकि दू लोग के मौत हो गइल। कई लोग के हालत गंभीर बा।

जानकारी के अनुसार, सोमार के सुबह करीब साढ़े सात बजे हजरतगंज के सुल्तानगंज इलाका के लिवाना होटल में भीषण आग लागल बा। आग में झुलसल लोग के सिविल अस्पताल भेजल गइल बा। अभिन ले होटल के अंदर से 20 से ज्यादा लोग के निकालल गइल बा। कुछ लोग के बचवलें के प्रयास कइल जा रहल बा।

बतावल जा रहल बा कि धुआ में दम घुटला से कई लोग बेहोश हो गइल बा। उनके अस्पताल ले जाइल गइल बा। दमकल कर्मी भी बेहोश हो गइल बाड़ें। अब ले करीब 20 लोग के अस्पताल पहुँचावल गइल बा। दू लोग दम तूड़ देहले बा। मौका पर 15 गाड़ी पहुंच चुकल बिया। तीसरा मंजिल के आग पर काबू पवलें के प्रयास कइल जा रहल बा। मौका पs करीब छह एम्बुलेंस अउरी पहुंच गइल बानें सब। रास्ता बंद कs दिहल गइल बा।

उहवें, लखनऊ के हजरतगंज के होटल लिवाना में आग लगले के घटना पर यूपी के सीएम योगी आदित्यनाथ जिला अधिकारियन के झुलसल लोग के समुचित इलाज सुनिश्चित करे के संगही मौका पर पहुंच के बचाव कार्य में तेजी लावे के भी कहलें बानें। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ खुद सिविल अस्पताल पहुंचलें अउरी घायल लोग के हालचाल लिहलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]