[the_ad_group id="30365"]

3 सेकेंड में 50 फुट के ऊंचाई से गिरल झूला, मच गइल चीख पुकार अउर भगदड़, ई वजह आइल सोझे

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पंजाब के मोहाली में झूला टुटला के वीडियो सोशल मीडिया पर वायरल हो गइल बा। झूला महज तीन सेकेंड में 50 फुट के उंचाई से नीचे गिरल। एहमें 30 लोग सवार रहलें। सबके चोट लागल बा। एहमें से 13 लोग गंभीर रूप में घायल बानें। सब के सरकारी अउर निजी अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। दरअसल, मोहाली के फेज-आठ दशहरा मैदान में मेला चल रहल बा। इहां ड्रॉप टावर झूला के हाइड्रोलिक के तार टूटला से नीचे गिरल बा।

ई खामी प्राथमिक जांच में निकल के सामने आइल बा लेकिन अधिकारी लोग एकर पुष्टि नाइ कइले बानें। उहवें ई हादसा प्रशासन के कार्यप्रणाली पर भी सवालिया निशान लगा दिहले बा।

प्रशासनिक अधिकारी लोग मेला के आयोजन के मंजूरी देने के बाद ई देखल ले जरूरी नाइ समझल कि सुरक्षा से संबंधित इंतजाम पूरा बा कि नाइ।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]