[the_ad_group id="30365"]

टाटा ग्रुप के पूर्व चेयरमैन सायरस मिस्त्री के बिहान दीहल जाई अंतिम विदाई, जेजे अस्पताल में भइल पोस्टमार्टम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गुजरात से मुंबई जात में सड़क हादसा के शिकार भइल उद्योगपति अउरी टाटा ग्रुप के पूर्व चेयरमैन सायरस मिस्त्री के अंतिम संस्कार मंगर के कइल जाई। जानकारी के मुताबिक, मंगर के बिहाने 10 बजे मुंबई के वर्ली श्मशान घाट पर उनका के अंतिम विदाई दीहल जाई।

एसे पहिले सोमार बिहाने डॉक्टरन के टीम मिस्त्री अउरी पंडोल के पोस्टमार्टम कइलस। कार दुर्घटना में मृतक साइरस मिस्त्री अउरी जहांगरी पंडोल के शव जेजे अस्पताल लावल गइल रहे। अधिकारी।लोग बतावल, कि दूनों शव के मुर्दाघर में रखल गइल बा।

कइसे हादसा भईल?

बतावल जा रहल बा कि ई हादसा कासा थाना क्षेत्र के सूर्य नदी पुल पर चरौटी नाका पर भइल। मिस्त्री के गाड़ी डिवाइडर से टकरा गइला के बाद रिटेनशन वॉल में टकरा गइल। ए दुर्घटना में जान गंवा चुकल मिस्त्री अउरी जहांगीर पंडोल के लाश के पोस्टमार्टम खातिर कासा ग्रामीण अस्पताल भेज दिहल गइल। घाही लोग के पहचान चालक अनिता पंडोल आ डारियस पंडोल के रूप में भइल।

गृहमंत्री फडणवीस देहलें जांच के आदेश

महाराष्ट्र के गृहमंत्री देवेंद्र फडणवीस पुलिस से ए मामला के विस्तृत जांच करावे के कहले बाड़े। उ बतवले कि जवना सड़क दुर्घटना में सायरस मिस्त्री के मौत भइल रहे, ओकरा बारे में पुलिस के विस्तृत जांच करावे के कहल गईल बा।

2011 में रतन टाटा के उत्तराधिकारी चुनल गइल रहलें मिस्त्री

मिस्ट्री के 2011 में रतन टाटा के उत्तराधिकारी चुनल गइल रहे। एकरा से पहिले उ प्रमुख बिजनेस ग्रुप शापूरजी पल्लोंजी मिस्त्री कंपनी से भी जुड़ल रहले। 4 जुलाई 1968 के मुंबई में जनमल सायरस के पिता पल्लोंजी मिस्त्री भी एगो बड़ बिजनेस टाइकून रहले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]