[the_ad_group id="30365"]

तिरुपति के स्टील प्लांट में भीषण विस्फोट, धमाका के आवाज से गांववालन में दहशत, 6 लोग घायल

तिरुपति के स्टील प्लांट में भीषण विस्फोट
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आंध्र प्रदेश के तिरुपति जिला के स्टील प्लांट में भईल भारी विस्फोट के बाद पूरा इलाका में सनसनी मच गईल बा। दरअसल पेनेपल्ली के अग्रवाल स्टील प्लांट में बुध के रात एगो बड़ विस्फोट भईल। एह घटना में 6 लोग घायल हो चुकल बाड़े। एह विस्फोट के आवाज अतना तेज रहे कि आसपास के गाँवन में दहशत फैला दिहलस। प्रत्यक्षदर्शी बतवले कि प्लांट से एगो भारी आग के गोला फूटल, ओकरा बाद छोट-छोट विस्फोट के सिलसिला शुरू भईल। बता दीं कि ई घटना बुध के रात करीब 10.15 बजे के हs, जब प्लांट के बॉयलर खराब होखे के खबर बा, जवना के चलते विस्फोट हो गईल। विस्फोट एतना भयंकर रहे कि दूर-दूर के घर के खिड़की टूट गईल अवुरी इलाका के इमारत के नुकसान पहुंचल।

तिरुपति स्टील प्लांट में दुर्घटना
बता दीं कि एह हादसा में कुल 6 लोग घायल हो चुकल बा। घाही मजदूरन के इलाज खातिर नेल्लोर आ नायडुपेटा के सरकारी अस्पताल ले जाइल गइल बा. प्लांट के अस्थायी तौर पs बंद कs दिहल गईल बा अवुरी घटना के जांच शुरू हो गईल बा। बता दीं कि अइसन घटना पहिला बेर नइखे लउकत. हाल ही में गुजरात के सूरत में एगो बड़हन हादसा देखल गइल. असल में इहाँ के हजीरा इंडस्ट्रियल एरिया के स्टील प्लांट में आग लगला के चलते 4 मजदूर के मउत हो गईल अवुरी एक आदमी घाही हो गईल। अधिकारी जानकारी देले कि मंगल के सांझ गुजरात के सूरत के हजीरा औद्योगिक क्षेत्र में स्टील प्लांट में आग लगला के चलते इs दुर्घटना भईल।

सूरत स्टील प्लांट में भी दुर्घटना
एह मामिला में सूरत पुलिस आयुक्त अनुपम सिंह गहलोत के बयान सामने आइल बा. उs बतवले कि इs घटना आर्सेलरमित्तल निप्पॉन स्टील इंडिया (एएम/एनएस इंडिया) में भईल बा। उs कहले कि, “हमनी के पता चलल बा कि प्लांट के एगो हिस्सा में अचानक जरत कोयला के चलते आग फैल गईल। एकरा चलते आग लगला से चार मजदूर के मौत हो गईल, जवन कि ओ समय प्लांट में लिफ्ट पs रहले।” अधिकारी बतवले कि घटना के आगे के जांच पुलिस अवुरी फैक्ट्री निरीक्षक भी करीहे। हालांकि अबे ले कवनो अचानक मौत के रिपोर्ट दर्ज नईखे भईल। जान गँवावे वाला चार जने में से तीन गो पीड़ितन के लाश के पोस्टमार्टम खातिर सिविल अस्पताल ले आवल गइल बा. 

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: इs 3 गो योगासन कंट्रोल कs सकेला यूरिक एसिड

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]