[the_ad_group id="30365"]

महाराष्ट्र के एs शहर में दु गुटन में झड़प, जमके भइल पथराव आ आगजनी, भारी पुलिस बल तैनात

महाराष्ट्र के एs शहर में दु गुटन में झड़प
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

महाराष्ट्र के जलगांव में दु समूह के बीच भयंकर झड़प के खबर बा। झड़प के दौरान पत्थरबाजी अवुरी आगजनी के घटना भी भईल। अबे ले मिलल जानकारी के मुताबिक राज्य सरकार के मंत्री गुलाब राव पाटिल के पत्नी के कथित तौर पs लेके जाए वाली गाड़ी के लेके दुनो समूह के बीच तनाव बढ़ गईल अवुरी एकरा बाद दुनो समूह के बीच झड़प हो गईल। घटना के बाद जलगांव के अलग-अलग इलाका में भारी पुलिस बल के तैनाती कईल गईल बा।

प्रारंभिक जानकारी के मुताबिक महाराष्ट्र के जलगांव जिला के पलाढ़ी गांव में 31 दिसंबर के रात में पत्थरबाजी अवुरी आगजनी के घटना भईल। मंत्री गुलाबराव पाटिल के परिवार लेके जात गाड़ी के ड्राइवर के कथित तौर पs हॉर्न बजावे के बाद विवाद पैदा भईल। एकरा बाद पलाढ़ी गांव के कुछ युवक अवुरी कुछ शिवसेना कार्यकर्ता चिल्लाए लगले। एकरा बाद खिसियाइल भीड़ पलाढ़ी गांव में पथराव अवुरी आगजनी शुरू कs देलस।

अबे ले जलगांव के पलाढ़ी में भईल हिंसा में 12 से 15 दोकान जरे के खबर बा। झड़प के बाद जलगांव के अलग-अलग इलाका में पुलिस के भारी इंतजाम कईल गईल बा। पुलिस के ओर से एs हिंसा में शामिल करीब 25 से 30 लोग के खिलाफ मामला दर्ज करावल गईल बा। एकरा संगे पुलिस कार्रवाई करत 9 से 10 लोग के हिरासत में ले लेलस।

इहो पढ़ीं : सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या से बानी परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]