[the_ad_group id="30365"]

उज्जैन से दिल्ली जा रहल बस दौसा दुर्घटनाग्रस्त, 45 यात्री घायल, 4 के हालत नाजुक

उज्जैन से दिल्ली जा रहल बस दौसा दुर्घटनाग्रस्त
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राजस्थान के दौसा जिला में दिल्ली-मुंबई एक्सप्रेसवे पs एगो निजी बस के दुर्घटना हो गइल. एs दुर्घटना में करीब 45 यात्री घाही हो गईले। जानकारी के मुताबिक दौसा जिला के नांगल राजावतान थाना क्षेत्र के लाहडी के बास गांव के नजदीक एगो ट्रेलर बस से टकरा गईल। एह हादसा में 45 लोग घवाहिल हो गइलन. एहमें से बीस गो घायल लोग के दौसा जिला अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा. दौसा जिला अस्पताल गंभीर रूप से घायल लोग के जयपुर रेफर कs देले बा। घाही में से कुछ लोग अपना दम पs इलाज खातीर नोएडा अवुरी दिल्ली खातीर रवाना हो गईले। 

कोहरा के कारन भइल हादसा
बतावल जाता कि कोहरा के चलते दिल्ली-मुंबई एक्सप्रेसवे के पिलर नंबर 148 पs एगो ट्रेलर पीछे से एगो ट्रक के टक्कर मार देलस। दुनो गाड़ी के टक्कर के बाद बस भी पीछे से आईल अवुरी उहो पीछे से ट्रेलर में घुस गईल। एs दुर्घटना में बस के आगे के हिस्सा बहुत नुकसान पहुंचल अवुरी सबेरे एs स्लीपर बस में अधिकांश यात्री सुतल रहले जब बस ट्रेलर से टकरा गईल तs बस में सवार करीब 45 यात्री घाही हो गईले।दुर्घटना के जानकारी मिलला के बाद नांगल राजावतान थाना मौका पs पहुंचल। 

4 के हालत गंभीर

एकरा अलावे दौसा से एम्बुलेंस गाड़ी मौका पs पहुंचल। घाही लोग के करीब पांच गाड़ी से दौसा जिला अस्पताल पहुंचावल गईल, जहां से गंभीर रूप से घाही भईल चार लोग के जयपुर रेफर कs दिहल गईल। इहाँ भारी संख्या में घायल लोग के एक संगे आवे के जानकारी मिलला के बाद जिला अस्पताल के मुख्य चिकित्सा अधिकारी डॉ. दीपक शर्मा के निर्देश पs अतिरिक्त डॉक्टर अवुरी कर्मचारी के भी तैनाती कईल गईल। एह पूरा हादसा में बस में सवार सभे 45 यात्री घाही हो गईले। 

20 यात्री दौसा में भर्ती
एकरा संगे 20 यात्री के दौसा जिला अस्पताल में भर्ती करावे के पड़ल, जवना में से चार लोग के जयपुर रेफर कs दिहल गईल बा, बाकी घाही लोग के इलाज खातीर नोएडा अवुरी दिल्ली खातीर रवान कइल गइल हs।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: सरीर के फिट राखे खातीर रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]