[the_ad_group id="30365"]

मशरक के एक्स बैंक मैनेजर कामेश्वर बैठा सड़क दुर्घटना मे गंभीर रूप से घायल, पटना रेफर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

धर्मेंद्र कुमार सिंह/मशरक (सारण): मशरक नगर पंचायत के उप मुख्य पार्षद प्रभावती देवी के पति आ स्टेट बैंक के पूर्व शाखा प्रबंधक कामेश्वर बैठा सड़क दुर्घटना मे गंभीर रूप से घायल हो गइलें।

घायलावस्था मे ग्रामीण लोग प्राथमिक स्वास्थ्य केंद्र मशरक मे भर्ती करावल जहाँ प्राथमिक उपचार के बाद चिकित्सक बेहतर इलाज खातिर पटना पी एम सी एच रेफर कs दिहल गइल।

घायल के परिजन लोग बतावल कि नगर पंचायत चुनाव में मतदाता लोगन से वोट मांगे खातिर बाईक से वापस अइला के दौरान मशरक सहाजितपुर मुख्य पथ पs शास्त्री टोला मे एगो बाईक पs सवार दु जुवक आइल लो आ अचानक बाईक मे टक्कर मार दिहल लोग। जवना से कामेश्वर बैठा पिच सड़क पs  गिरके गंभीर रूप से घायल हो गइलें, जवना से गोड़ टूट गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]