[the_ad_group id="30365"]

PM मोदी के भाई के कार के एक्सीडेंट, अस्पताल में भर्ती, बेटा-बहू के हालत गंभीर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

मैसूर: प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के छोट भाई प्रह्लाद मोदी के कार के मंगर के मैसूर के लगे एक्सीडेंट हो गइल। ई हादसा कर्नाटक के मैसूर के लगे भइल। प्रह्लाद मोदी अपना पत्नी, बेटा, बहू आ पोता के संगे मर्सिडीज बेंज कार में बांदीपुरा जात रहस तबे दुपहर करीब 2 बजे डिवाइडर से टकरा गइल। बतावल जा रहल बा कि हादसा में उनकर बेटा आ बहू के गंभीर चोट आइल बा आ ओह लोग के हालत गंभीर बा। प्रह्लाद मोदी के पोता के गोड़ में फ्रैक्चर भइल बा। पुलिस जानकारी देलस कि उपचार खातिर सभे के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा।

कार के अगिला हिस्सा बुरा तरे भइल बा क्षतिग्रस्त

घटनास्थल से जवन तस्वीर सोझा आइल बा ओमे कार के अगिला हिस्सा के गंभीर नुकसान पहुंचल बा। कार के अगिला हिस्सा बुरा तरे क्षतिग्रस्त हो गइल बा। टायरो फट चुकल बा। मैसूर के पुलिस अधीक्षक सीमा लटकर द्बारा घटनास्थल आ अस्पताल के दौरा कइल गइल बा।

सामाजिक कामन में व्यस्त रहेलें प्रह्लाद मोदी

प्रह्लाद मोदी प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के छोट भाई हवें। ऊ दामोदरदास मूलचंद मोदी आ उनकर पत्नी हीराबेन के छव लईकन में से चउथा हवे। प्रह्लाद मोदी राजनीति से हमेशा दूर रहल बाड़े, बाकिर सामाजिक कामन में ऊ खुद के व्यस्त रखले बाड़े।  ऊ ऑल इंडिया फेयर प्राइस शॉप डीलर्स फेडरेशन के उपाध्यक्ष हवे। उनका तरफ से कइयन गो मौकन पs राशन के जादे दाम वाला मुद्दा उठावल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]