Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

छपरा के रास्ते चलावल जाये वाला कइयन गो ट्रेन रद्द: बदलत मौसम के लेके रेलवे लेलस निर्णय, 5 दिसंबर से 29 फरवरी तक यातायात रही प्रभावित

548

पूर्वोत्तर रेलवे से चले वाली कइयन ट्रेनन के संचालन रेलवे विभाग कावर से रद्द कs दिहल गइल बा। आवे वाला महीना में बढ़े वाला कुहासा आ खराब मौसम के देखत रेलवे विभाग कावर से निर्णय लेत गाड़ियन के संचालक के रद्द कइल गइल बा।

जेमे छपरा से चले वाली कइयन ट्रेनन प्रभावित रही। रेलवे कावर 5 दिसंबर से 29 फरवरी 2024 तक ट्रेनन के संचालक के प्रभावित कइल गइल बा। 1 मार्च 2024 से सब ट्रेन अपना नियत समय आ मार्ग से संचालित होखे लगिहे सs।

एह ट्रेनन के कइल गइल रद्द

  • न्यू जलपाईगुड़ी से द्विसाप्ताहिक चले वाली 12523 न्यू जलपाईगुड़ी- नई दिल्ली एक्सप्रेस गाड़ी 05,12,19 आ 26 दिसंबर, 2023, 02, 09, 16, 23 आ 30 जनवरी, 2024 आउर 06, 13, 20 आ 27 फरवरी, 2024 दिन हर मंगर के निरस्त रही।
  • नई दिल्ली से द्विसाप्ताहिक चले वाली 12524 नई दिल्ली – न्यू जलपाईगुड़ी एक्सप्रेस गाड़ी 06, 13, 20 आ 27 दिसंबर, 2023, 03, 10, 17, 24 आ 31 जनवरी, 2024 आउर 07, 14, 21 आ 28 फरवरी, 2024 हर बुध के निरस्त रही।
  • कटिहार से द्विसाप्ताहिक चले वाली 15705 कटिहार -नई दिल्ली एक्सप्रेस गाड़ी 07,14,21 आ 28 दिसंबर, 2023, 04, 11, 18 आ 25 जनवरी, 2024 आउर 01, 08, 15, 22 आ 29 फरवरी, 2024 हर बियफे के निरस्त रही।
  • नई दिल्ली से द्विसाप्ताहिक चले वाली 15706 नई दिल्ली – कटिहार एक्सप्रेस गाड़ी 08, 15, 22 आ 29 दिसंबर,2023, 05, 12, 19 आ 26 जनवरी, 2024 आ 02, 09, 16, 23 फरवरी, 2024 आ 01 मार्च,2024 तक हर सुक के निरस्त रही।
  • डिब्रूगढ़ से हरदिन चले वाली 15909 डिब्रूगढ़ -लालगढ़ एक्सप्रेस गाड़ी 02, 09, 16, 23 आ 30 दिसंबर, 2023, 06, 13,20 आ 27 जनवरी, 2024 आ 03, 10, 17 एवं 24 फरवरी, 2024 हर सुक के निरस्त रही।
  • लालगढ़ से प्रतिदिन चले वाली 15910 लालगढ़ – डिब्रूगढ़ एक्सप्रेस गाड़ी 05,12,19 आ 26 दिसंबर, 2023, 02, 09, 16, 23 आ 30 जनवरी, 2024 आउर 06, 13, 20 आ 27 फरवरी, 2024 प्रत्येक मंगर के निरस्त रही।
687420cookie-checkछपरा के रास्ते चलावल जाये वाला कइयन गो ट्रेन रद्द: बदलत मौसम के लेके रेलवे लेलस निर्णय, 5 दिसंबर से 29 फरवरी तक यातायात रही प्रभावित

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.