Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

छपरा से होके चले वाली कइयन ट्रेन रद्द: इंटरलॉकिंग कार्य में यातायात ब्लॉक के लेकर रेलवे ने लिया निर्णय, PRO ने दी जानकारी

767

रेलवे प्रशासन कावर से यात्री जनता के सुविधा आ परिचालनिक सुगमता खातिर लगातार काम जारी बा। उत्तर रेलवे के लखनऊ मंडल के बाराबंकी-अयोध्या-शाहगंज-जफराबाद रेल खंड पs इस्थित शाहगंज-बिलवाई-तुलसीनगर स्टेशनन के बीच दोहरीकरण काम के संबंध में नॉन इंटरलॉक काम कइल जा रहल बा।

जवना के लेके कइयन गाड़ियन के रद्द कइल गइल बा। जानकारी पीआरओ पंकज कुमार पत्र जारी करत देले बाड़ें। निश्चित अवधि के बाद सब ट्रेन अपना निश्चित मार्ग आ समय से संचालित होखे लगिहे सs।

निरस्तीकरण

  •  छपरा से 10, 12 आ 13 दिसम्बर, 2023 के चले वाली 15083 छपरा-फर्रूखाबाद एक्सप्रेस निरस्त रही।
  • फर्रूखाबाद से 08, 09, 10, 13, 14, 17 दिसम्बर, 2023 के चले वाली 15084 फर्रूखाबाद-छपरा एक्सप्रेस निरस्त रही।
  • वाराणसी सिटी से 06 से 16 दिसम्बर, 2023 तक चले वाली 14213 वाराणसी सिटी-बहराईच एक्सप्रेस निरस्त रही।
  • बहराईच से 07 से 17 दिसम्बर, 2023 तक चले वाली 14214 बहराईच-वाराणसी सिटी एक्सप्रेस निरस्त रही।
  • रक्सौल से 07 आ 14 दिसम्बर, 2023 के चले वाली 14017 रक्सौल-आनन्द विहार टर्मिनस एक्सप्रेस निरस्त रही।
  • आनन्द विहार टर्मिनस से 06 आ 13 दिसम्बर, 2023 के चले वाली 14018 आनन्द विहार टर्मिनस-रक्सौल एक्सप्रेस निरस्त रही।
  • आसनसोल से 12 दिसम्बर, 2023 के चले वाली 13509 आसनसोल-गोण्डा एक्सप्रेस निरस्त रही।
  • गोण्डा से 13 दिसम्बर, 2023 के चले वाली 13510 गोण्डा-आसनसोल एक्सप्रेस निरस्त रही।
  • अहमदाबाद से 08 आ 15 दिसम्बर, 2023 के चले वाली 09465 अहमदाबाद-दरभंगा विशेष गाड़ी निरस्त रही।
  • दरभंगा से 11 आ 18 दिसम्बर, 2023 के चले वाली 09466 दरभंगा-अहमदाबाद विशेष गाड़ी निरस्त रही।
  • बलिया से 05 से 16 दिसम्बर, 2023 तक चले वाली 05167 बलिया-शाहगंज अनारक्षित विशेष गाड़ी निरस्त रही।
  • शाहगंज से 05 से 16 दिसम्बर, 2023 तक चले वाली 05168 शाहगंज-बलिया अनारक्षित विशेष गाड़ी निरस्त रही।
  • बलिया से 04 से 16 दिसम्बर, 2023 तक चले वाली 05171 बलिया-शाहगंज अनारक्षित विशेष गाड़ी निरस्त रही।
  • शाहगंज से 04 से 16 दिसम्बर, 2023 तक चले वाली 05172 शाहगंज-बलिया अनारक्षित विशेष गाड़ी निरस्त रही।
688370cookie-checkछपरा से होके चले वाली कइयन ट्रेन रद्द: इंटरलॉकिंग कार्य में यातायात ब्लॉक के लेकर रेलवे ने लिया निर्णय, PRO ने दी जानकारी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.