छपरा से चले वाली कइयन गो ट्रेन प्रभावित: यातायात ब्लॉक दिहल गइला के कारण ट्रेनन के कइल गइल रद्द आ शॉर्ट टर्मिनेट
रेलवे प्रशासन द्वारा यात्री सुविधा में उन्नयन आ परिचालिका सुगमता खातिर कइयन ट्रेनन के कैंसिल कइल गइल बा। प्री-नॉन इंटरलॉक कार्य के पहिले पूर्वोत्तर रेलवे के वाराणसी मंडल के छपरा यार्ड रिमाडलिंग कार्य खातिर आवे वाला 2 अक्टूबर तक ब्लॉक लिहल गइला के कारण गाड़ियन के निरस्तीकरण, पुनर्निर्धारण, शॉर्ट ओरिजिनेशन/शॉर्ट टर्मिनेशन आ नियंत्रण कइल गइल बा।
एमे छपरा से चले वाली कइयन गो ट्रेन प्रभावित रही। ई जानकारी जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार प्रेस विज्ञप्ति के माध्यम से देले बाड़ें। 2 अक्टूबर के बाद सब ट्रेन अपना नियत समय आ मार्ग से संचालित होखे लागी।
रद्द कइल गइल ट्रेन
- 15105/15106 छपरा-नौतनवा एक्सप्रेस- 13 सितंबर से 2 अक्टूबर तक निरस्त रही।
एह ट्रेनन के कइल गइल रिशेड्यूल
- 15159 छपरा-दुर्ग एक्सप्रेस 2 अक्टूबर तक छपरा से 60 मिनट रिशेड्यूल कs के चलावल जाई।
शॉर्ट ओरिजिनेशन/शॉर्ट टर्मिनेशन ट्रेनन के सूची
- 22531 छपरा-मथुरा जं.एक्सप्रेस 18, 20, 22, 25, 27 आ 29 सितंबर के छपरा के स्थान पs सीवान से चलावल जाई। ई गाड़ी छपरा से सीवान तक रद्द रही। वापसी में 22532 मथुरा जं.छपरा एक्सप्रेस निर्धारित मार्ग छपरा तक चलावल जाई।
- 11060 छपरा-लोकमान्य तिलक टर्मिनस एक्सप्रेस 18, 21, 23, 25, 26 आ 30 सितंबर के छपरा के स्थान पs सीवान से चलावल जाई। ई गाड़ी छपरा से सीवान तक रद्द रही। 11059 लोकमान्य तिलक टर्मिनस छपरा एक्सप्रेस निर्धारित मार्ग तक चलावल जाई।
- जालना से 20 आ 27 सितंबर के चले वाली 07651/07652 जालना-छपरा विशेष गाड़ी छपरा के स्थान पs गाजीपुर सिटी में यात्रा समाप्त करी। ई गाड़ी गाजीपुर सिटी से छपरा तक रद्द रही।
Comments are closed.