रेलवे ट्रेन एक्सीडेंट के मुआवजा राशि 10 गुना बढ़वलस, अब मृतक के परिजन के 5 लाख आ घायल के 2.5 लाख रुपिया मिली

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 21, 2023

रेलवे बोर्ड रेल दुर्घटना से जुड़ल राहत राशि में 10 गुणा बढ़न्ती कइले बा। एकरा तहत ट्रेन हादसा में केहू के मौत होखला पs सहायता राशि 50 हजार रुपिया से बढ़ाके 5 लाख रुपिया कs

Share

रेलवे बोर्ड रेल दुर्घटना से जुड़ल राहत राशि में 10 गुणा बढ़न्ती कइले बा। एकरा तहत ट्रेन हादसा में केहू के मौत होखला पs सहायता राशि 50 हजार रुपिया से बढ़ाके 5 लाख रुपिया कs दिहल गइल बा।  गंभीर चोट खातिर सहायता राशि 25 हजार रुपिया से बढ़ाके 2.5 लाख रुपिया कs दिहल ई है। संगही मामूली चोट के इस्थिति में सहायता राशि 5 हजार से 50 हजार रुपिया कइल गइल बा। ई 18 सितंबर 2023 से लागू होई। एकरा पहिले 2012-2013 में एह राशि में संशोधन कइल गइल रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.