Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

रेलवे ट्रेन एक्सीडेंट के मुआवजा राशि 10 गुना बढ़वलस, अब मृतक के परिजन के 5 लाख आ घायल के 2.5 लाख रुपिया मिली

704

रेलवे बोर्ड रेल दुर्घटना से जुड़ल राहत राशि में 10 गुणा बढ़न्ती कइले बा। एकरा तहत ट्रेन हादसा में केहू के मौत होखला पs सहायता राशि 50 हजार रुपिया से बढ़ाके 5 लाख रुपिया कs दिहल गइल बा।  गंभीर चोट खातिर सहायता राशि 25 हजार रुपिया से बढ़ाके 2.5 लाख रुपिया कs दिहल ई है। संगही मामूली चोट के इस्थिति में सहायता राशि 5 हजार से 50 हजार रुपिया कइल गइल बा। ई 18 सितंबर 2023 से लागू होई। एकरा पहिले 2012-2013 में एह राशि में संशोधन कइल गइल रहे।

644700cookie-checkरेलवे ट्रेन एक्सीडेंट के मुआवजा राशि 10 गुना बढ़वलस, अब मृतक के परिजन के 5 लाख आ घायल के 2.5 लाख रुपिया मिली

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.