[the_ad_group id="30365"]

का ह निपाह वायरस, केरल में भइल दु लोगन के मउत, स्वास्थ्य मंत्रालय के टीम राखता नजर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

केरल में निपाह वायरस के खतरा लउकत बा। अबे ले राज्य में ए खतरनाक वायरस के चलते दु लोग के मउत हो चुकल बा। चार गो संदिग्ध मरीजन पs नजर राखल जा रहल बा। एह लोग के नमूना जांच खातिर भेजल गइल बा। वर्तमान स्थिति के देखत केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्रालय के टीम केरल पहुंचल बा। केंद्रीय टीम केरल सरकार के एह बारे में सुझाव दिही कि जमीनी स्तर पs ए बेमारी से निपटे के तरीका कईसे कईल जा सकता।

मुख्यमंत्री पिनराई विजयन फेसबुक पोस्ट में कहले कि, कोझिकोड जिला में निपाह वायरस संक्रमण के पुष्टि भईल बा। एकरा चलते दु लोग के मउत हो गईल। जवना चार जने के नमूना जांच खातीर भेजल गईल रहे, ओमे से दु लोग में निपाह संक्रमण के पुष्टि भईल बा, जबकि दु लोग के रिपोर्ट नेगेटिभ आईल बा। ऊ कहले, “घबराहट के कवनो जरुरत नइखे।” सभे स्वास्थ्य विभाग अवुरी पुलिस के निर्देश के कड़ाई से पालन करे अवुरी प्रतिबंध के पूरा सहयोग करे।

राज्य के स्वास्थ्य मंत्री वीना जॉर्ज बतवली?

कोझिकोड में पत्रकारन से बातचीत में राज्य के स्वास्थ्य मंत्री वीना जॉर्ज कहली कि निपाह से संक्रमित लोग में एगो नौ साल के लईका भी शामिल बा। उ कहली कि, ‘काल्ह मरेवाला आदमी के नमूना में संक्रमण के पुष्टि भईल बा, जवना में एगो नौ साल के लईका समेत इलाज के दौरान दु लोग के नमूना में संक्रमण के पुष्टि भईल बा।’जॉर्ज कहली कि एकरा अलावे पहिला मामला में संक्रमण के सूचना मिलल बा 30 अगस्त के एह बेमारी के चलते एक आदमी के मौत हो गईल, जवन कि शुरू में लिवर सिरोसिस के सह-रोग के चलते मानल जात रहे।

निपाह वायरस का होला?
निपाह वायरस चमगादड़ के लार के माध्यम से फइलेला। चमगादड़ के खाइल फल खा के ई संक्रमण मनुष्य में फइल जाला। एकर संक्रमण मनुष्य से मनुष्य में भी होला। ई संक्रमित सदस्य से परिवार के अन्य सदस्यन में फइल सके ला। एकर लक्षण भी दू से तीन दिन में देखाई देवे लागेला। शुरुआती लक्षण में बोखार अवुरी कपार दरद शामिल बा।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]