[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर से चले वाला 12 ट्रेन कैंसिल: छपरा-गोरखपुर, नौतनवा-नकहां जंगल समेत कइयन डेली ट्रेन 19 आ 20 नवंबर के रही कैंसिल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर से चले वाला आ इहां से होके गुजरे वाला 12 ट्रेन कैंसिल रही। दु दिन तक ट्रेनन के कैंसिल होखला से करीब 6000 रेल यात्रियन के सफर करे में दिक्कत होई। पूर्वोत्तर रेलवे परिचालनिक कारणन से 19 आ 20 नवंबर के 12 पैसेंजर ट्रेनन के निरस्त क देले बा।

NE रेलवे के CPRO पंकज कुमार सिंह बतवलें, छपरा-गोरखपुर, नौतनवा-नकहां जंगल आ गोरखपुर-गोंडा-सीतापुर रेल खंड प 12 पैसेंजर ट्रेन दु दिन ना संचालित कइल जाई। एह वजह से पैसेंजर ट्रेनन में यात्रा करे वाला के दु दिन दिक्कतन के सामना करे के पड़ी। कम दूरी खातिर अधिकतर लोग पैसेंजर ट्रेनन से यात्रा करेला।

डेली चले वाला वाले पैसेंजर्स के होई दिक्कत

एमे अधिकतर लोग दैनिक यात्री होला जे नौकरी आ कारोबार के वजह से यात्रा करत बानी। ट्रेन ना चलला से अइसन लोगन के वैकल्पिक साधनन से यात्रा करे के पड़ी। पैसेंजर ट्रेनन के किराया कम होला। एह वजह से लोग एमे यात्रा कइल पसंद करत बा लो।

एह ट्रेनन के ना चलला प जवन वैकल्पिक साधन करे के पड़ी आ ओह लोग के आये जाये में बेसी पइसा खर्च करे के पड़ेला। एकरा अलावे कइयन लोगन के दु दिन तक आपन यात्रा टाले के पड़ी।

ई ट्रेंने रहिहें सs कैंसिल

  • 05155 छपरा-गोरखपुर जनरल स्पेशल ट्रेन
  • 05156 गोरखपुर-छपरा जनरल स्पेशल ट्रेन
  • 05425 गोरखपुर-अयोध्या जनरल स्पेशल ट्रेन
  • 05426 अयोध्या-गोरखपुर जनरल स्पेशल ट्रेन
  • 05093 गोरखपुर-गोंडा जनरल स्पेशल ट्रेन
  • 05094 गोंडा-गोरखपुर जनरल स्पेशल ट्रेन
  • 05031 गोरखपुर-गोंडा जनरल स्पेशल ट्रेन
  • 05032 गोंडा-गोरखपुर जनरल स्पेशल ट्रेन
  • 05469 गोरखपुर-नौतनवां जनरल स्पेशल ट्रेन
  • 05470 नौतनवां-गोरखपुर जनरल स्पेशल ट्रेन
  • 05471 नकहा जंगल-नौतनवा जनरल स्पेशल ट्रेन
  • 05472 नौतनवा-नकहा जंगल जनरल स्पेशल ट्रेन
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]