[the_ad_group id="30365"]

Indira Gandhi Birth Anniversary: इंदिरा गांधी के जयंती आज, पढ़ीं देस के पहिला महिला प्रधानमंत्री के अनमोल विचार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Indira Gandhi Birth Anniversary 2022 Motivational Quotes: भारत के पहिला महिला प्रधानमंत्री इंदिरा गांधी के आज जयंती ह। 19 नवंबर 1917 में इंदिरा गांधी के जनम पंडित जवाहर लाल नेहरू के घर में भइल रहे। पंडित नेहरू देश के पहिला प्रधानमंत्री रहस। इंदिरा हमेशा अपन पिता के कंधा से कंधा मिलाके चलती रहली। महज 11 साल के अमिर उम्र में इंदिरा ब्रिटिश शासन के खिलाफ लईकन के वानर सेना बनवले रहली। 1938 में ऊ औपचारिक तौर प भारतीय राष्ट्रीय कांग्रेस में सामिल भइली। जब नेहरू जी प्रधानमंत्री बनलें त इंदिरा सरकार खातिर काम कइल सुरू कइली। हालांकि अब तक इंदिरा के शांत, मूक गुड़िया जइसन मानल जात रहे। पंडित नेहरू के बाद इंदिरा पिता के राजनीतिक विरासत संभरली या देस के पहिला महिला प्रधानमंत्री बनलीं। ऊ अपना सरकार में बहुते दमदार आ बड़ फसीला लेली। इंदिरा गांधी के ई फसीला इतिहास के पन्नन में हमेशा खातिर दर्ज हो गइल। एह तरे एगो महिला देस के आयरन लेडी बन गइली। इंदिरा गांधी के जयंती के मौका प उनकर कुछ प्रेरणादायक विचारन के बारे में पढ़लें, जवन महिलन समेत हर वर्ग के जोश से भर देम।

इंदिरा गांधी के प्रेरणादायक विचार

  • हमरा ई ना भूले के चाहीं कि भारत में ताकत के प्रतीक एगो महिला बाड़ी- शक्ति के देवी
  • ई कबो मत भूलीं कि जब हम चुप बानी, त हम एगो बानी आ जब हम बात करत बानी त हम दु गो बानी।
  • लोग आपन कर्तव्य भूल जाला बाकिर आपन अधिकार हमेसा याद रहेला।
  • जिंदगी के उद्देश्य विश्वास कइल, उम्मीद कइल आ चेष्टा कइल बा।
  • साहस के बिना रउआ कवनो अच्छा काम नइखी क सकत।

साभार: अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]