[the_ad_group id="30365"]

छपरा में ग्रामीण लोग प्रेमी जोड़ा के करावल बियाह: बॉयफ्रेंड से रात में मिले आइल रहे शादीशुदा गर्लफ्रेंड, ग्रामीन लोग मंदिर में करावल बियाह शादी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा में प्रेम विवाह के अनोखा ममिला सामने आइल बा, जहां रात के अनहरिया में पकड़ल गइल प्रेमी जोड़ा के गांव ले लोग धs के मंदिर में बियाह करा दिहल। ममिला मकेर प्रखंड के हs। प्रेमी जोड़ा के बियाह मकेर बाजार के मकेश्वर नाथ मंदिर में सम्पन्न भइल। एह बियाह के देखे खातिर अगल-बगल के सइयन लोग जमा हो गइल।

प्रेमी के पहचान मकेर थाना क्षेत्र के भाथा नया टोला निवासी सुजीत कुमार (21वर्ष) पिता विनोद सिंह के रूप मे भइल बा। जबकि जुवती बगल के गांव मकेर मुसहरटोली निवासी रेखा कुमारी (21वर्ष) पिता शैलेश मुसहर हई। जुवती के बियाह चार महीना पहिले मशरख थाना क्षेत्र के एगो गांव में भइल रहे। जुवती सुक के रात ससुराल से गायब रहली। देर रात मायका में अपना प्रेमी के संगे पकड़ल गइली त ग्रामीण लोग पंचायत स्तर प दोबारा से बियाह करा दिहल।

स्थानीय लोगन के अनुसार जुवक जुवती के प्रेम, बियाह के पहिले से चलत रहे। जुलाई में जुवती के शादी परिवार वालन के रजामंदी से मशरख थाना क्षेत्र के एगो गांव में भइल रहे। बाकिर बियाह के बादो दुनो के बीच बात होत रहल। एकरा बाद सुक के रात विवाहिता ससुराल से गायब हो गइल आ सुक के रात में मायका में अपना प्रेमी के संगे पकड़ल गइल। एकरा बाद गावं के लोग दुनो के पकड़ के मकेर के मंदिर में बियाह करा दिहल। बियाह के वीडियो सामने आइल बा। हालांकि एह बियाह के लईकी पक्ष द्वारा विरोध कइल जा रहल बा। प्रेम प्रसंग में बियाह के बाद लईकी के ससुराल में विवाद के बात बतावल जा रहल बा।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]