[the_ad_group id="30365"]

Mann ki Baat: ‘मन की बात’ के 10 साल पूरा, पीएम मोदी कहलें- करोड़न श्रोता एह कार्यक्रम के असली सूत्रधार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अतवार सबेरे 11 बजे ‘मन के बात’ कार्यक्रम के माध्यम से देशवासियन के संबोधित कइलें। अपना 114वां एपिसोड में पीएम मोदी कहलें आज के एपिसोड भावुक करे वाला बा। ऊ कहलें कि मन के बात कार्यक्रम के 10 साल पूरा हो चुकल बा। 2014 में तीन अक्टूबर के मन के बात कार्यक्रम के सुरुआत भइल रहे। ओह दिन विजयादशमी के दिन रहे। ई बहुते सुखद संजोग बा कि अबकी बेर तीन अक्टूबर के नवरात्रि के पहला दिन हs।

मन के बात कार्यक्रम के प्रसारण आकाशवाणी, दूरदर्शन, ऑल इंडिया रेडियो के वेबसाइट आ मोबाइल एप पs होई। ओहिजा, प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के यूट्यूब चैनलो पs लोग कार्यक्रम सुन सकत बा। ई कार्यक्रम पहिला बेर तीन अक्टूबर 2014 के सुरू कइल गइल रहे। ई कार्यक्रम 11 बिदेसी आ 22 भारतीय भाषा में प्रसारित कइल जाला। एकरा अलावे 29 बोलियों में प्रसारण कइल जाला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]