[the_ad_group id="30365"]

नेपाल में आसमान से बरसल आफत, बाढ़ से 39 के मउत, 11 गो लोग लापता

नेपाल में लगातार बरखा के कारण कई जिला में बाढ़: फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

नेपाल में लगातार बरखा के कारण कई जिला में बाढ़ आ चुकल बा। बाढ़ के चलते कम से कम 39 लोग के मउत हो गईल। शुक से नेपाल के कई जगहा बरखा हो रहल बा। आपदा अधिकारी नेपाल के कई जिला में आकस्मिक बाढ़ के चेतावनी देले बाड़े।

राजधानी काठमांडू में 9 जने के मउत

स्थानीय मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक काठमांडू में 9, ललितपुर में 16, भक्तपुर में 5, कवरेपालनचौक में 3, पंचथर अवुरी धनकुटा में दु-दु जने के मउत हो गईल। बाढ़ में कुल 11 लोग लापता बाड़े।

काठमांडू में डूबल 226 घर

काठमांडू में 226 घर डूब गइल. प्रभावित इलाका में नेपाल पुलिस के ओर से करीब तीन हजार सुरक्षाकर्मी के बचाव दल के तैनात कईल गईल बा। बरखा के बीच लोग के सुरक्षित जगह पs भेजल जा रहल बा।

भारी बरखा के बीच उड़ान रद्द

एही बीच नेपाल के नागरिक उड्डयन प्राधिकरण देश के खराब मौसम के चलते शुक के शनिवार के सबेरे ले सभ घरेलू उड़ान रद्द कs देलस। ई तब भइल जब नेपाल के मौसम पूर्वानुमान प्रभाग लगातार चार दिन से रेड अलर्ट जारी कइले बा। नेपाल के 77 जिला में से 56 जिला भारी बरखा के चपेट में बा।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]