[the_ad_group id="30365"]

डीडीयू में प्रबंध समिति करी हॉस्टल्स के बेहतर संचालन: वार्डन होईहें अध्यक्ष, समिति में सामिल रही हॉस्टल में रहे वाला दुगो छात्र, अनुशासनहीनता पs निरस्त होई आवंटन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर यूनिवर्सिटी में हॉस्टल्स के बेहतर संचालन खातिर प्रबंध समिति आ सलाहकार समिति के गठन कइल जाई। डीडीयू के कार्य परिषद से एह प्रस्ताव के मंजूरी मिल गइल बा। ई समिति महीना में एक बेर मीटिंग कs के वार्डेन के सलाह दिही। डीडीयू में नव गो हॉस्टल बा। एमे छव गो मेल आ तीन गो फीमेल हॉस्टल सामिल बा, जबकि एगो इंटरनेशनल हॉस्टलो बा।

एह छात्रावासन में करीब 1300 स्टूडेंट्स के रहे के बेवस्था बा। डीडीयू प्रशासन के ओर से बनावल गइल नया मैनुअल के मोताबिक हर हॉस्टल खातिर एगो प्रबंध समिति के गठन होई। एमे वार्डेन समिति के अध्यक्ष आ मुख्य प्रशासनिक अधिकारियो होइहें।

समिति के अधीक्षक, हॉस्टल के वार्डेन के अनुशंसा पs कुलपति के ओर से नामित सहायक प्रॉक्टर आ सहायक छात्र कल्याण डीन के संगे कुलपति के नामित दुगो हॉस्टलर्स सामिल रही लो। प्रबंध समिति आमतौर पs महीना में एक बेर मीटिंग करी आ हॉस्टल के सामान्य ममिलन में वार्डेन के सलाह दिही।

सलाहकार समिति के होई गठन

एकरा संगही सलाहकार समिति के गठन कइल जाई। एह समिति में यूनिवर्सिटी के सब डीन्स, हॉस्टल्स के वार्डेन, अधिष्ठाता छात्र कल्याण, मुख्य नियंता आ चीफ वार्डेन सामिल रही लो। सलाहकार समिति के अध्यक्ष कुलपति प्रो. पूनम टंडन होइहें। ऊ डीन आ चीफ वार्डेन में से केहू एक के उपाध्यक्ष के रूप में नामित करिहें। एह संबंध में VC प्रोफेसर पूनम टंडन बतवली कि हॉस्टल्स के बेहतर संचालन खातिर नया मैनुअल तइयार कइल गइल बा। एकरा के कार्य परिषद मंजूरी दे देले बिया। सब हॉस्टल्स में प्रबंध समिति आ सलाहकार समिति के गठन कइल जाई।

सलाहकार समिति के ई होई काम

•हॉस्टल्स के संबंध में प्रशासनिक ममिलन खातिर सामान्य नीति निर्धारित कइल।

• विभिन्न फैकल्टी के छात्रन के सीटन के आवंटन आ गतिविधियन पs कुलपति के फीडबैक देहल।

• शोधार्थियन खातिर हॉस्टल्स में सीट निर्धारित कइल।

अनुशासनहीनता पs निरस्त होई आवंटन

हॉस्टलर्स के अनुशासनहीनता पs आवंटन के निरस्त करे भा तीन हजार रुपिया के जुर्माना भा फेर दुनो कार्रवाई हो सकत बा। अनुशासन आ कदाचार के गंभीर ममिलन के जांच वार्डेन करिहें आ आवश्यक कार्रवाई खातिर ममिला के कुलपति के लगे भेजल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]