गृह मंत्रालय IB ACIO Tier 1 Result 2024 कइलस घोषित, mha.gov.in पऽ करी चेक, जनवरी में भइल रहें परीक्षा

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 29, 2024

कैंडिडेट्स ध्यान देवे कि जवना उम्मीदवार लो के रोल नंबर रिजल्ट सूची में प्रदर्शित होला उऽ लोग टियर- II परीक्षा खातिर पात्र होइहें। टियर टू एग्जाम से जुड़ल ज्यादा जानकारी खातिर अभ्यर्थियन के पोर्टल पऽ

Share

कैंडिडेट्स ध्यान देवे कि जवना उम्मीदवार लो के रोल नंबर रिजल्ट सूची में प्रदर्शित होला उऽ लोग टियर- II परीक्षा खातिर पात्र होइहें। टियर टू एग्जाम से जुड़ल ज्यादा जानकारी खातिर अभ्यर्थियन के पोर्टल पऽ विजिट करे के होई। बता दी कि आईबी सहायक केंद्रीय खुफिया अधिकारी ग्रेड II / कार्यकारी (ACIO-II / Exe) पद खातिर 17 आ 18 जनवरी 2024 के लिखित परीक्षा के आयोजन कइल गइल रहें।

आईबी असिस्टेंट सेंट्रल इंटेलिजेंस ऑफिसर ग्रेड II/एग्जीक्यूटिव (ACIO-II/Exe) भर्ती टियर-1 परीक्षा परिणाम के इंतजार कर रहल उम्मीदवारन खातिर अहम सूचना बा।

गृह मंत्रालय ए पद खातिर आयोजित भइल टियर 1 के परीक्षा के नतीजा आधिकारिक वेबसाइट https://www.mha.gov.in पऽ जारी कर दिहल गइल बा। एग्जाम में शामिल होखे वाला कैंडिडेट्स के सलाह दिहल जाला कि उऽ पोर्टल पऽ जाके नतीजन के जांच कर सकत बाड़े। एकरा साथहीं कैंडिडेट्स लो चाहें तऽ नीचे दिहल गइल आसान स्टेप्स के फॉलो करके भा फेर दिहल गइल डायरेक्ट लिंक पऽ क्लिक करके नतीजन के जांच कइल जा सकत बा।

IB ACIO Tier 1 Result 2024: आईबी असिस्टेंट सेंट्रल इंटेलिजेंस ऑफिसर ग्रेड II/एग्जीक्यूटिव के जांच करे खातिर फॉलो करी ई आसान स्टेप्स

सबसे पहिले उम्मीदवारन के आधिकारिक वेबसाइट mha.gov.in पऽ जाए के होई। अब होमपेज पऽ, व्हाट्स न्यू सेक्शन के तहत “आईबी ACIO-II/Exe (टियर-I) परीक्षा – 2023 के परिणाम” लिंक पऽ क्लिक करी। एगो पीडीएफ खुली आ रऊआ से ब्राउज़र में एगो लिंक खोले खातिर कहल जाई। ओ लिंक के खोली आ IB ACIO रिजल्ट पीडीएफ 2024 लिंक पऽ क्लिक करी। परिणाम पीडीएफ स्क्रीन पऽ खुल जाई, रोल नंबर जांची। आगे उपयोग खातिर ओकरा के डाउनलोड करी आ एकर हार्ड कॉपी प्राप्त करी।

IB ACIO Tier 1 Result 2024: अब टियर 2 एग्जाम में होखे के होई शामिल 

कैंडिडेट्स लो ध्यान देवे कि, जवना उम्मीदवार लो के रोल नंबर रिजल्ट सूची में प्रदर्शित होई, उहें टियर- II परीक्षा खातिर पात्र होइहें। टियर टू एग्जाम से जुड़ल ज्यादा जानकारी खातिर अभ्यर्थियन के पोर्टल पऽ विजिट करे के होई। बता दी कि आईबी सहायक केंद्रीय खुफिया अधिकारी ग्रेड II / कार्यकारी (ACIO-II / Exe) पद खातिर 17 आ 18 जनवरी, 2024 के लिखित परीक्षा के आयोजन कइल गइल रहें। उहे, अब नतीजन के एलान कइल गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.