[the_ad_group id="30365"]

ममता बोलली: ‘RSS एतनो बाउर नाइ बा, जानत रहतीं कि राजनीति एतना गंदा ह त एहमें कब्बो नाइ अइतीं

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी आजुकल चर्चा में बनल बाड़ी अउरी चर्चा में बनल रहले के वजह RSS के तारीफ में दिहल गइल उनकर हालिया बयान बा। मीडिया रिपोर्ट के अनुसार ममता बनर्जी कहलीं कि हमके नाइ लागsता कि RSS एतना बाउर बा। संघ में अभिनों कुछ लोग बानें जे भाजपा के तरे नाइ सोचेलें। एक दिन ई सब्र जरूर टूटी। उहवें एकरे अलावा उ भाजपा पर भी हमला बोलली। उ कहली कि तृणमूल कांग्रेस परिवार (पार्टी) के छवि के गंदा कइलें के कोशिश ना कइल जाव, वर्ना केहू के नाइ छोड़ल जाई।

अगर हम जानत रहतीं कि राजनीति एतना गंदा ह त एह राजनीति में कब्बो नाइ अइतीं

तृणमूल कांग्रेस सुप्रीमो बनर्जी कहली कि हम समाज के सेवा खातिर राजनीति में अइलीं.. लेकिन अब हमके लागता है कि हम बहुत पहिले राजनीति छोड़ देतीं अगर हमके पहिले से पता होइत कि आज के राजनीति एतना गंदा हो जाई जहां हमके अउर हमरे परिवार के सदस्यन के एतना झूठ बदनामी के सामना करे के पड़ी।

ममता कहली कि एजेंसी के समन बस प्रतिशोध के राजनीति नाइ ह, ई खुलेआम हिंसा ह। ममता एक बेर फिर से कहली कि पशु अउर कोयला तस्करी के मुद्दा केंद्रीय गृहमंत्रालय अउर केंद्र सरकार के जिम्मेदारी ह।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]