[the_ad_group id="30365"]

यदुकुल पुनर्जागरण मिशन: शिवपाल बोलले- हम केहू के खिलाफत नाइ क रहल बानीं, ई मिशन सगरी ओबीसी समाज खातिर बा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रसपा अध्यक्ष शिवपाल सिंह यादव अपने कार्यालय में आयोजित बैठक में कहलें कि हम सामाजिक न्याय के लड़ाई लड़िहें। एकरे खातिर यदुकुल पुनर्जागरण मिशन के तहत एकजुट बानें। आज समाज में अगड़ा पिछड़ा सभे परेशान बा। उ साफ कइलें कि संगठन कौनो खिलाफत खातिर नाइ बनल बा। ई लोग के अधिकार खातिर लड़ी। ऊ कहलें कि हम अहीर रेजिमेंट के गठन के मांग करब। प्रसपा के बूथ से ले के प्रदेश स्तर तक कार्यकारणी गठित कइल जाई।

उहवें, यदुकुल पुनर्जागरण मिशन के अध्यक्ष डीपी यादव के कहनाम बा कि हम लोग यदुकुल समाज खातिर नया संगठन के घोषणा कs रहल बानीं जेकर नाम ‘यदुकुल पुनर्जागरण मिशन’ होई। ई संगठन सारा ओबीसी समाज के लोग के हित के प्रतिनिधित्व करी। ई सिर्फ यादव समाज खातिर नाइ बनावल गइल बा।

उ कहलें कि ई राजस्थान, दिल्ली, हरियाणा, मध्य प्रदेश, छत्तीसढ़, झारखंड, बिहार राज्य खातिर बनल बा। ई संगठन यादव समाज के अन्य संगठन के प्रतिद्वंद्विता में नाइ बा। एकर 10 उद्देश्य बा जेमें से एगो सरकार के न्यूनतम समर्थन मूल्य पs कानून बनवावे के होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]