[the_ad_group id="30365"]

बबीना कैंट फील्ड फायरिंग रेंज में हादसा; गोला फटले से दू सैनिक गंववलें आपन जान, एक आदमी घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सेना के बबीना स्थित फील्ड फायरिंग रेंज में बियफ़े के रात बड़ हादसा हो गइल। नियमित अभ्यास के दौरान सेना के तोप टी-90 के बैरल अचानक फाट गइल। एह घटना में दो जवान आपन जान गंवा देहलें, जबकि एक जनी घायल हो गइलें।
घटना के दौरान टैंक बबीना फील्ड फायरिंग रेंज के प्वाइंट नंबर 6 ए पर तैनात रहलें। एही दरम्यान ओमें चलावे के गोला लोड कइल गइल। गोला चलतही बैरल फाट गइल। एह हादसा में पश्चिम बंगाल निवासी नायब सूबेदार सुमेर सिंह बगरिया (41), सुकांता मंडल अउर टैंक ड्राइवर संत कबीर नगर निवासी प्रदीप सिंह यादव गंभीर रूप से घायल हो गइलें, जिनके आनन-फानन बबीना मिलिट्री अस्पताल ले जाइल गइल। इहां सुमेर सिंह अउरी सुकांता मंडल के निधन हो गइल। जबकि, प्रदीप यादव के इलाज जारी बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]