Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बहराइच में बड़ सड़क हादसा, ट्रक रोडवेज बस के मरलस टक्कर, 6 लोग के मौत, 15 लोग घायल

477

उत्तर प्रदेश के बहराइच में बड़ सड़क हादसा भइल बा। हादसा में 6 यात्रियन के मौत हो गइल जबकि 15 यात्री घायल हो गइलें। घायलन के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा।

जानकारी के अनुसार, बहराइच-लखनऊ हाईवे पर बुध के सुबह जरवल रोड के घाघराघाट स्टेशन के पास जयपुर से बहराइच आ रहल ईदगाह डिपो के बस ट्रक से टकरा गइल। टक्कर एतना जोरदार रहल कि बस के पिछला हिस्सा पूरी तरह क्षतिग्रस्त हो गइल। दुर्घटना में छह लोग के मौत हो गइल। उहवें 15 से ज्यादा लोग घायल बानें।

हादसन के सूचना पर पहुंचल जरवल पुलिस सब घायलन के इलाज खातिर अस्पताल भिजववलस। उहवें भीषण सड़क हादसा के सूचना मिलतही जिलाधिकारी डॉ दिनेश चंद्र, एसपी केशव कुमार चौधरी समेत आला अधिकारी मौका पर पहुचलें अउर घटनास्थल के निरीक्षण कइलें।

बढ़ सकsता मौत के आंकड़ा

भीषण सड़क हादसा में ट्रक चालक समेत छह लोग के मौत बतावल जा रहल बा। उहवें एह हादसा में 15 से अधिक लोग गंभीर रूप से घायल बतावल जा रहल बानें। जेमें से आधा दर्जन लोग के हालत गंभीर बा। अइसे में मौत के आंकड़ा अउर बढ़ सकsता

395260cookie-checkबहराइच में बड़ सड़क हादसा, ट्रक रोडवेज बस के मरलस टक्कर, 6 लोग के मौत, 15 लोग घायल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.