[the_ad_group id="30365"]

बहराइच में बड़ सड़क हादसा, ट्रक रोडवेज बस के मरलस टक्कर, 6 लोग के मौत, 15 लोग घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश के बहराइच में बड़ सड़क हादसा भइल बा। हादसा में 6 यात्रियन के मौत हो गइल जबकि 15 यात्री घायल हो गइलें। घायलन के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा।

जानकारी के अनुसार, बहराइच-लखनऊ हाईवे पर बुध के सुबह जरवल रोड के घाघराघाट स्टेशन के पास जयपुर से बहराइच आ रहल ईदगाह डिपो के बस ट्रक से टकरा गइल। टक्कर एतना जोरदार रहल कि बस के पिछला हिस्सा पूरी तरह क्षतिग्रस्त हो गइल। दुर्घटना में छह लोग के मौत हो गइल। उहवें 15 से ज्यादा लोग घायल बानें।

हादसन के सूचना पर पहुंचल जरवल पुलिस सब घायलन के इलाज खातिर अस्पताल भिजववलस। उहवें भीषण सड़क हादसा के सूचना मिलतही जिलाधिकारी डॉ दिनेश चंद्र, एसपी केशव कुमार चौधरी समेत आला अधिकारी मौका पर पहुचलें अउर घटनास्थल के निरीक्षण कइलें।

बढ़ सकsता मौत के आंकड़ा

भीषण सड़क हादसा में ट्रक चालक समेत छह लोग के मौत बतावल जा रहल बा। उहवें एह हादसा में 15 से अधिक लोग गंभीर रूप से घायल बतावल जा रहल बानें। जेमें से आधा दर्जन लोग के हालत गंभीर बा। अइसे में मौत के आंकड़ा अउर बढ़ सकsता

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]