[the_ad_group id="30365"]

मातम में बदलल खुशी: डांस करत अचानक ढिमिलाइल मनई के हार्ट अटैक से भइल मौत, वीडियो भइल वायरल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एह समय हार्ट अटैक के घटना तेजी से बढ़ल बा। केहू कार चलावत दम तूड दे रहल बा त कौनो डांस करत हार्ट अटैक के शिकार हो जा रहल बा। वाराणसी के चेतगंज थाना के पिपलानी कटरा में अइसने मामला सोझे आइल बा।

पिपलानी कटरा औघड़नाथ तकिया निवासी मनोज विश्वकर्मा (40) के शादी समारोह के समय डांस करत अचानक आइल हार्ट अटैक से मौत हो गइल। शादी के खुशी क्षण भर में ही मातम में बदल गइल।

औघड़नाथ तकिया निवासी मनोज विश्वकर्मा (40) के परिवार में 25 नवंबर के शादी रहल। दूपहर के समय परिवार में बारात निकलले के तैयारी चलत रहे। एहसे पहिले परछन के समय डांस के दौरान अचानक मनोज के तबीयत बिगड़ल अउर ऊ अचेत हो गइलें। परिजन तुरंत निजी अस्पताल ले गइलें। जहवाँ चिकित्सक लोग मृत घोषित कs दिहल। घटना से परिवार में कोहराम मच गइल।

बर्थडे पार्टी में नाचत में हार्ट अटैक से भइल मौत

बरेली में एगो होटल में आयोजित बर्थ डे पार्टी में डांस करत-करत आईवीआरआई कर्मचारी प्रभात कुमार (45) के दिल के दौरा पड़ले से मौत भइल रहे। प्रभात कुमार आईवीआरआई में सीनियर टेक्नीशियन असिस्टेंट के पद पर तैनात रहनें

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]