[the_ad_group id="30365"]

वंदे भारत ट्रेन से फिर टकराइल मवेशी, जान-माल के नइखे नुकसान, एह तरह के ई चउथा घटना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वंदे भारत ट्रेन से मवेशियन के टकरइले के सिलसिला खतम होत नाइ दिख रहल बा। बियफे के वंदे भारत ट्रेन एक बेर फिर हादसा के शिकार हो गइल। गुजरात में उदवाड़ा अउर वापी स्टेशन के बीच बियफे साँझ गांधीनगर-मुंबई वंदे भारत सुपरफास्ट एक्सप्रेस से एक मवेशी टकरा गइल।
रेलवे के एक अधिकारी बतवलें कि टक्कर से ट्रेन के फ्रंट पैनल के मामूली नुकसान पहुंचल बा। दू महीना पहिले परिचालन शुरू होखले के बाद से एह मार्ग पर सेमी-हाई स्पीड ट्रेन से मवेशी के टकरइले के ई चउथा घटना ह।

उदवाड़ा अउर वापी के बीच भइल घटना 

पश्चिम रेलवे के मुख्य जनसंपर्क अधिकारी सुमित ठाकुर कहनें कि घटना उदवाड़ा अउर वापी के बीच समपार फाटक संख्या 87 के लग्गे साँझ करीब छह बज के 23 मिनट पर भइल। कुछ देर रुकले के बाद साँझ 6.35 बजे ट्रेन दोबारा रवाना भइल। हालांकि हादसा के बाद यात्रियन के कौनो तरीका के नुकसान नाइ भइल अउर सब यात्री सुरक्षित बानें।
वंदे भारत एक्सप्रेस के साथ जानवर के टकरइले के ई कौनो पहिला मामला नइखे। वंदे भारत एहसे पहिलहू तीन बेर हादसा के शिकार हो चुकल बा। एहसे पहिले बंदे भारत 29 अक्टूबर के अतुल रेलवे स्टेशन के लग्गे सुबह 8 बजे बैल के टकरा गइल रहे।

6 अक्टूबर के जानवरन के झुंड से टकराइल रहे वंदे भारत

छह अक्टूबर के भारत के वंदे भारत सुबह 11 बजकर 18 मिनट पs हादसा के शिकार हो गइल रहे। ट्रेन वटवा अउर मणिनगर स्टेशन के नजदीक भैंसन के झुंड से टकरा गइल रहे। ई ट्रेन मुंबई से अहमदाबाद जात रहे।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]