[the_ad_group id="30365"]

रीवा में बड़ हादसा, हैदराबाद से गोरखपुर जा रहल बस ट्रॉला में घुसल, 15 लोग के मौत, 40 लोग घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मध्य प्रदेश के रीवा के पास नेशनल हाईवे-30 पर भीषण सड़क हादसा भइल। एहमें 15 लोग के मौत भइल बा। 40 लोग घायल भइल बानें। राहगीरन के सूचना पर मौका पर पहुंचल पुलिस घायलन के अस्पताल में भर्ती करवलस।
जानकारी के अनुसार सुक्क के यूपी पासिंग बस हैदाराबाद से गोरखपुर जात रहे। तब्बे रात करीब 11.30 बजे बस ट्रॉला से टकरा गइल प्राथमिक जानकारी में सोझे आइल रहे कि आगे चल रहल ट्रेलर अचानक ब्रेक लगा दिहलस। जेसे पीछे चल रहल सीधे ट्रॉले में जा घुसल। बस में सब श्रमिक सवार रहलें, जौन दीपावली मनावे अपने घर जात रहलें। हादसा में 40 के करीब लोग के घायल होखे के सूचना बा। उहवें5 लोग के जान चल गइल। हादसा के बाद कुछ लोग कैबिन में फंस गइल रहनें। जिनके काफी मशक्कत के बाद निकालल गइल।

रीवा पुलिस अक्षीक्षक नवनीत भसीन कहलें  15 लोग के मौत भइल बा। सब लोग उत्तर प्रदेश के बतावल जा रहल बा। बस हैदराबाद से गोरखपुर जात रहे। रीवा के सुहागी पहाड़ी के लग्गे ई हादसा भइल रहे। 40 घायलन में से 20 के प्रयागराज के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा।

बस में सवार रहलें 80 से अधिक यात्री

बतावल जा रहल बा कि बस में 80 से अधिक यात्री सवार रहलें। दरअसल बस जइसही सोहागी पहाड़ के समीप पहुंचल तब्बे बस के आगे जा रहल ट्रक के कौनो अज्ञात वाहन से टक्कर हो गइल। एह दौरान अनियंत्रित होकर बस भी ट्रक के पीछे से भिड़ गइल अउर पलट गइल। जौन वाहन के ट्रक से भिड़ंत भइल रहे। उनकर ड्राइवर गाड़ी ले के मौका से लापता बानें। घटना के बाद से पुलिस इस पूरा घटनाक्रम के जांच कs रहल बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]