[the_ad_group id="30365"]

चमोली में बड़ हादसा: भूस्खलन के बाद गिरल बोल्डर से तीन मकान क्षतिग्रस्त, एक्के परिवार के चार लोग के मौत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

चमोली जिला के कर्णप्रयाग के थराली तहसील के पैनगढ़ गांव में शनिवार तड़के पहाड़ी पर भूस्खलन के बाद गिरल बोल्डर से तीन मकान क्षतिग्रस्त हो गइलें। एहमें से एक मकान के ऊपर भारी बोल्डर गिरल, जेसे मकान में रह रहल एक्के परिवार के चार लोग के दबने से मौका पर ही मौत हो गइल बा।
घटना स्थल पर पुलिस, एनडीआरएफ एसडीआरएफ के ओर से रेस्क्यू अभियान चलावल जा रहल बा। चारों शव मलबा से बाहर निकाल दिहल गइल बा। घटना में दू लोग घायल भइल बा। उनके सीएचसी थराली में इलाज के बाद हायर सेंटर रेफर कर दिहल गइल बा।
थराली के पटवारी चंद्रसिंह बुटोला बतवलें कि तहसील के पैनगढ़ गांव के ऊपर लगातार हो रहल भूस्खलन से भारी मात्रा में मलबा अउर बोल्डर गिर रहल बा। एगो भारी बोल्डर चट्टान से निकल के आवासीय क्षेत्र के ऊपर गिर गइल। जेसे बोल्डर की चपेट में अइले से एगो मकान पूरा तरह से जमींदोज हो गइल अउर ओमें रहे वाले चार लोग के मौका पर ही मौत हो गइल बा।

उहवें, अन्य दू लोग के रेस्क्यू टीम मलबे से निकाल के सीएचसी थराली पहुंचवलस। जहां से उनके हायर सेंटर रेफर कs दिहल गइल बा। मलबा अउर बोल्डर गिरले से दू अन्य मकान के भी छति पहुंचल बा। घटना के बाद राजस्व पुलिस के टीम पैनगढ़ गांव पहुंचल। जहां पर राहत अउर बचाव कार्य शुरू कइल गइल। शनिचर सुबह क्षतिग्रस्त हुए मकान से चार शव निकालल गइल। मौका पर एसडीआरएफ के टीम भी पहुंच गइल बा। राहत अउर बचाव कार्य जारी बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]