[the_ad_group id="30365"]

अरुणाचल प्रदेश में सेना के हेलिकॉप्टर क्रैश, घटनास्थल पs जाए खातिर सड़क ले नाइ बा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अरुणाचल प्रदेश में शुक्क के बिहाने बड़ हादसा भइल बा। इहां के टूटिंग मुख्यालय से 25 किलोमीटर दूर सियांग जिला के सिंगिंग गांव के पास सेना के एगो हेलिकॉप्टर दुर्घटनाग्रस्त हो गइल। रक्षा पीआरओ के ओर से मिलल जानकारी के मुताबिक, जौने जगह पर ई हादसा भइल, उहां ले जाए खातिर सड़क मार्ग भी उपलब्ध नाइ बा। अइसन में बचाव अभियान चलावे में भी परेशानी आ रहल बा। हालांकि, घटनास्थल पर बचाव दल भेजल गइल बा। आगे के विवरण के प्रतीक्षा ह।
जानकारी के मुताबिक, सेना के एडवांस लाइट हेलिकॉप्टर (ALH) सुबह करीब 10 बजकर 40 मिनट पर क्रैश हो गइल। एसे पहिले एही साल पांच अक्तूबर के सेना के चीता हेलिकॉप्ट भी अरुणाचल प्रदेश में हादसा के शिकार हो गइल बा, एह हादसा में एक पायलट शहीद हो गइल रहनें।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]