[the_ad_group id="30365"]

देवरिया में बड़ हादसा: दूमंजिला जर्जर मकान गिरल, मलबे में दब के पति-पत्नी अउर बेटी के मौत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देवरिया में हादसा।
करीब तीन घंटा के रेस्क्यू के बाद तीनो के शव मलबा से बाहर निकालल गइल। घटना के बाद काफी संख्या में लोग मौका पर पहुंच गइल। प्रशासन अउरी पुलिस राहत बचाव कार्य में जुटल बा।
देवरिया में हादसा।
व्यवसायी सत्य प्रकाश बरनवाल के काफी पुरानी जर्जर दूमंजिला मकान अंसारी रोड पर बा। जर्जर मकान में काफी समय से दिलीप (35) पुत्र गोपाल पत्नी चांदनी (30) रहत रहने। दूनों मजदूरी क के भरण पोषण करत रहनें।
देवरिया में हादसा।
अतवार के रात पति, पत्नी अउरी चांदनी (2) नीचे तल के कमरा में एक संगे सुत्तल रहनें। एही दौरान भोर में अचानक मकान भरभरा के गिर गइल। जेसे तीनो जनी दब गइलें। तेज आवाज सुन के मोहल्ला के लोग मौका पर पहुंचल अउर डायल 112 के सूचना देहल।

देवरिया में हादसा।

पुलिसकर्मी लोग घटना के बारे में आला अफसरन के जानकारी देहल। मौका पs एसपी संकल्प शर्मा, सीओ श्रीयश त्रिपाठी सहित अन्य लोग दमकल के संगे पहुंच गइल। दमकलकर्मी लोग जेसीबी के सहायता से करीब दू घण्टा के प्रयास के बाद तीनों के बाहर निकालल।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]