Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

देवरिया: आंखिन के सोझा बह गइले बहिन-पिता: भैंस नहवावत घरी हादसा, बुजुर्ग खातिर बेटी लगवली स छलांग, दु के मौत

नदी के बहाव में द्वारिका (60) आ अमलावती (30) बह गइल लो। मौका प पहुंचल ग्रामीण लोग दुनो के बहरी निकालल लो आ प्राइवेट चिकित्सक के इहां ले गइल लो, जहां दुनो के मृत घोषित क दिहल गइल रहे।

392
इलाका के गांव परसिया छितनी सिंह निवासी द्वारिका कुशवाहा के घोठा गांव से बाहर स्याही नदी के किनारे खेत बा। हर रोज के तरे द्वारिका आपन भईस के नहवावे खातिर स्याही नदी में ले गइले। भैंस नहावत घरी अचाके जेसीबी द्वारा खोदके निकालल गइल माटी के कारण गहिराह गड़हा में चल गइल। भईस के घेरते बेर द्वारिका डूबे लगले। ई देख उनकर बियहल बेटी अमलावती नदी में उतर गइल आ उहो डूबे लागल। ई देख लगही ठाड़ दूसरका बेटी कलावती हल्ला मचावत दुनो के बचावे खातिर नदी में उतर गइल एक उहो डूबे लागल।
हल्ला सुनके ग्रामीण इकट्ठा हो गइल लो आ डूब रहल कलावती (25) के बहरी निकाल लिहल लो आ तेज धार में बह गइल द्वारिका (60) आ अमलावती (30) के खोजे लागल लो। तनि देर के बाद ग्रामीण लोग दुनो के बाहर निकालल आ प्राइवेट चिकित्सक के इहां ले गइल, जहां दुनो के मृत घोषित क दिहल गइल। घटनास्थल प पहुंचल एसआई अविनाश मौर्य बतवले कि डूबला से दुनो लोगों के मौत हो गइल बा  एगो के बचा लिहल गइल बा।
334220cookie-checkदेवरिया: आंखिन के सोझा बह गइले बहिन-पिता: भैंस नहवावत घरी हादसा, बुजुर्ग खातिर बेटी लगवली स छलांग, दु के मौत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.