[the_ad_group id="30365"]

देवरिया: आंखिन के सोझा बह गइले बहिन-पिता: भैंस नहवावत घरी हादसा, बुजुर्ग खातिर बेटी लगवली स छलांग, दु के मौत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

इलाका के गांव परसिया छितनी सिंह निवासी द्वारिका कुशवाहा के घोठा गांव से बाहर स्याही नदी के किनारे खेत बा। हर रोज के तरे द्वारिका आपन भईस के नहवावे खातिर स्याही नदी में ले गइले। भैंस नहावत घरी अचाके जेसीबी द्वारा खोदके निकालल गइल माटी के कारण गहिराह गड़हा में चल गइल। भईस के घेरते बेर द्वारिका डूबे लगले। ई देख उनकर बियहल बेटी अमलावती नदी में उतर गइल आ उहो डूबे लागल। ई देख लगही ठाड़ दूसरका बेटी कलावती हल्ला मचावत दुनो के बचावे खातिर नदी में उतर गइल एक उहो डूबे लागल।
हल्ला सुनके ग्रामीण इकट्ठा हो गइल लो आ डूब रहल कलावती (25) के बहरी निकाल लिहल लो आ तेज धार में बह गइल द्वारिका (60) आ अमलावती (30) के खोजे लागल लो। तनि देर के बाद ग्रामीण लोग दुनो के बाहर निकालल आ प्राइवेट चिकित्सक के इहां ले गइल, जहां दुनो के मृत घोषित क दिहल गइल। घटनास्थल प पहुंचल एसआई अविनाश मौर्य बतवले कि डूबला से दुनो लोगों के मौत हो गइल बा  एगो के बचा लिहल गइल बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]