[the_ad_group id="30365"]

मशरक: पकड़ी में छत के छज्जा आ देवाल गिरला से महिला के मौत, मचल कोहराम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मशरक | सारण | धर्मेन्द्र कुमार सिंह। सारण जिला के मशरक थाना क्षेत्र के पकड़ी गांव में सोमार के भिनसहरा गमनीन खबर ले के आइल। घर के छज्जा आ देवाल गिरला से एगो महिला के मौत हो गइल। मृतका महिला के पहचान मशरक थाना क्षेत्र के पकड़ी के रहनिहार भारत राय के 48 बरिस के पत्नी फूलपातो देवी के रूप में भइल। घटना के बाद परिजनन में कोहराम मच गइल आ अगरी-कगरी के ग्रामीणन के भीड़ जुट गइल।

बता दीं कि मृतका जिउतिया के व्रत भुखल रही आ उनका पारण करे के रहे बाकिर ओकरा पहिलही एह हादसा के शिकार हो गइली। ग्रामीण रवीन्द्र कुमार यादव बतवले कि भरत राय के छतदार मकान बहुते पुरान बा, बरखा के पानी से मकान जर्जर हो चुकल बा। ओहिजा फूलपातो देवी भिनसुहारे जिउतिया के पारण के पहिले घर में झाड़ू लगावत रहली। एही बीचे छज्जा आ देवाल गिर गइल आ ऊ दब गइली। जब तक उनका के निकालल जाइत उनकर मौत हो गइल रहे। पुलिस ममिला के जात पड़ताल में जुट गइल बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]