[the_ad_group id="30365"]

चंदौली में बड़ हादसा: बीच सड़क पs ऑक्सीजन सिलेंडर फाटल, दू लोग के उड़ल चिथड़ा, मचल हड़कंप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुगलसराय कोतवाली क्षेत्र के रविनगर स्थित दयाल हॉस्पिटल के लग्गे सुक्क के सुबह गाड़ी से उतारत समय ऑक्सीजन सिलेंडर में ब्लास्ट हो गइल। जेसे दू लोग के मौका पर ही मौत हो गइल। ब्लास्ट एतना तेज रहल कि दू किलोमीटर ले एकर आवाज सुनाई दीहल। दूनो आदमी के शरीर के चिथड़ा उड़ गइल। घटना के बाद हड़कंप मच गइल

मुगलसराय कोतवाली क्षेत्र के रविनगर कॉलोनी नगदे बड़ कॉलोनी मानल जाला। सुक्क के सुबह 10.12 बजे दयाल हॉस्पिटल के सामने मैजिक पर लादल ऑक्सीजन सिलेंडर के दू लोग उतारत रहनें। उहवें लग्गे से ईंट लदल ट्रैक्टर गुजरत रहे। एतनही में एगो सिलेंडर ब्लास्ट हो गइल। दू लोग के चिथड़ा उड़ गइल। मौका पर दूनो जनी के मौत हो गइल। 100 मीटर ले दूनों के मांस के चिथड़ा बिखरल रहल। ई विभत्स दृश्य देख के सब के रोंगटा खड़ा हो गइल। सूचना पs तुरंत मौका पर सीओ अनिरूद्ध सिंह पहुंच गइलें अउर आगे के कार्रवाई में जुट गइल बाने। मृतकन के पहचान अभीनो नइखे हो पवले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]