[the_ad_group id="30365"]

छत्तीसगढ़ जात बस अनियंत्रित हो के पानी भरल गढ़हा में गिरल, 20 यात्री जख्मी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीतापुर जिला के थाना रेउसा इलाका में बुध देर रात 50 यात्रियन से भरल एगो बस अनियंत्रित हो के गढ़हा में पलट गइल। गढ़हा में पानी भरल रहे। हादसे में करीब 20 लोग जख्मी हो गइलें जेमें से 6 लोग के जिला अस्पताल रेफर कs दिहल गइल बा।

तबौर के भिठलाकला गांव के लोग छत्तीसगढ़ मजूरी करे एगो निजी बस से जात रहनें। बुध के देर रात निजी बस थाना रेउसा के खुरवलिया के लग्गे पहुंचल तब्बे सामने से आ रहल एगो वाहन से बचले के चक्कर में बस अनियंत्रित हो के पुलिया के पार करत गढ़हा में जा गिरल।

यात्री कौनो तरीका से बस से बाहर निकललें अउर पुलिस के मामिला के जानकारी दीहलें। देर रात के मौका पर पहुंचल पुलिस घाही लोग के निकाल के सीएचसी में भर्ती करवलस जहां से 6 लोग के जिला अस्पताल रेफर कs दिहल गइल बा।

एसओ मुकुल प्रकाश वर्मा बतवलें कि कौनो यात्री के ढ़ेर गंभीर चोट नइखे आइल। ई लोग छत्तीसगढ़ मजदूरी करे जात रहनें। सब के सुरक्षित निकाल लिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]