[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में फोरलेन पर स्लीपर बस में लागल आग, मचल अफरा-तफरी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिला के खोराबार इलाका के बहरामपुर पेट्रोल पंप के लग्गे बियफे के साँझ के पानीपत से बिहार जात स्लीपर बस के टायर में आग लगले से अफरा-तफरी मच गइल। स्थानीय लोग पेट्रोल पंप के टूल्लू पंप से बुतावल। एही बीच ग्रीन कॉरिडोर बना के अग्निशमन विभाग के गाड़ी भेजल गइल। आग के वजह से यात्री दहशत में आ गइल रहनें। हालांकि केहू घाही नाइ भइल। यात्रियन के देर साँझ ले दूसरे बस से भेजल गइल।

जानकारी के मुताबिक, पानीपत से बिहार जाए खातिर 74 सीटर बस में 98 यात्री सवार रहनें। बस खोराबार थाना क्षेत्र के बहरामपुर के लग्गे गुरुदेव पेट्रोल पंप के पास पहुंचल रहे कि अचानक उनके टायर में आग लाग गइल। आग लगतही ड्राइवर गाड़ी के तत्काल पेट्रोल पंप पर रोक दिहलें। यात्रियन में अफरा-तफरी मच गइल। सब यात्री कौनो तरह से बस से बहरा निकल के जान बचवलें।

घटना के देख अगल-बगल के गाँव वाले पहुंच गइलें। पेट्रोल पंप के कर्मचारी भी मौका पर पहुंच गइलें। पंप पर लागल टुल्लू पंप के सहारे पाइप लगा के आग के बुझावल गइल। घटना मे केहू घाही नाइ भइल। करीब आधा घंटा ले आवागमन प्रभावित रहल। प्रभारी निरीक्षक खोराबार कल्याण सिंह सागर पुलिसवालन के संगे मिल के आवागमन चालू करवलस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]