[the_ad_group id="30365"]

एयरबस के कॉमर्शियल एयरक्राफ्ट्स के पार्ट्स बनइहें सs भारतीय कंपनी: महिंद्रा एयरोस्पेस, एक्वस, डायनामैटिक आ गार्डनर के संगे भइल डील

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

फ्रांस के एयरोस्पेस कंपनी एयरबस 4 भारतीय कंपनियन के संगे एयरक्राफ्ट के कंपोनेंट मैन्युफैक्चरिंग खातिर कंट्रैक्ट साइन कइले बिया। डील के मोताबिक, महिंद्रा एयरोस्पेस, एक्वस प्राइवेट लिमिटेड, डायनामैटिक आ गार्डनर कंपनी खातिर एयर फ्रेम आ विंग के पार्ट्स बनाई।

6 नवंबर के कंपनी के ओर से जारी स्टेटमेंट के मोताबिक, ई कंपोनेंट्स एयरबस के A320-नियो, A330-नियो आ A350 एयरक्राफ्ट्स खातिर बनावल जाई। कंपनी पहिलही से भारत से ₹6,242 करोड़ के कंपोनेंट हर साल किनेले।

एह डील के बाद एमे बड़ इजाफा होखे के उम्मीद बा। एकरा पहिले एह साल के सुरुआत में एयरबस टाटा एडवांस्ड सिस्टम्स के संगे A320 नियो फैमिली के कार्गो आ बल्क कार्गो डोर मैन्युफैक्चरिंग खातिर डील कइले रहे।

एयरबस खातिर भारत ह्यूमन रिसोर्स के हब हs 

एयरबस के भारत आ साउथ एशिया के प्रेसिडेंट-MD रेमी माइलार्ड कहलें- एयरोस्पेस के क्षेत्र में भारत के दुनिया में जगह दिलावे खातिर हमनी के जरूरी ईकोसिस्टम तैयार करे में जोगदान दे रहल बानी सs। ऊ कहलें- एयरबस खातिर भारत खाली एगो बाजार ना, बलुक एयरोस्पेस कंपोनेंट एंड सर्विस आ ह्यूमन रिसोर्स के हब हs।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]