[the_ad_group id="30365"]

ग्रामीण महिला के बाजार मुहैया करवा रहल बा महिला विकास मंच 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

धर्मेंद्र कुमार सिंह: एम एस एम ई मंत्रालय भारत सरकार आ बिहार महिला उद्योग संघ के तत्वावधान में पटना के ज्ञान भवन में वार्षिक दशहरा मेला के आयोजन कइल गइल बा। जेमे लगभग 200 छोट बड़ उद्यमियों स्टाल लगवले बा लो। बिहार के महिला विकास मंच रोजगार विंगो आपन एगो स्टॉल ( B100 ) लगवले बा। जेमे प्रदेश भर से महिला विकास मंच के रोजगार विंग से जुड़ल महिला लोगन द्वारा बनावल गइल उत्पाद उपलब्ध बा। खास कs के भागलपुरी सिल्क के हैंड मेड साड़ी लोगन के खूब भा रहल बा। महिला विकास मंच रोजगार विंग से जुड़ल भागलपुर के कारीगर, बुनकर लो एकरा के आपन हाथन से बुनले बा, जवना पs कस्टमाइज डिजाइनिंगो के बेवस्था बा। एकरा संगही एह स्टाल पs हैंडलूम, डिजाइनर साड़ी, फैब्रिक,कस्टमाइज लहंगा आ छोट बच्चन द्वारा बनावल गइल हैंड क्राफ्ट उपलब्ध बा। महिला विकास मंच के एह कामन के महिला उद्योग संघ के अध्यक्ष उषा झा खुला मंच से  सराहना।

तमाम चीज महिला विकास मंच रोजगार विंग से जुड़ल महिला लोगन द्वारा बनावल गइल बा। स्टाल के विधिवत उद्घाटन महिला विकास मंच के संरक्षक वीणा मानवी द्वारा कइल गइल। मौका पs विना मानवी बतवली कि एह स्टॉल के लगावे के उद्देश्य सुदूर क्षेत्रन में बइठल कुशल कारीगरन के राष्ट्रीय बाजार मुहैया करावल महिला विकास मंच रोजगार विंग के उद्देश्य बा। रोजगार विंग के अध्यक्ष प्रीति के मोताबिक हमनी के यूनिक प्रोडक्ट के वजे से विजिटर्स भारी मात्रा में हमनी के इहां आ रहल बा लो। खास कs के भागलपुरी साड़ी खूब पसंद कइल जा रहल बा।  उद्घाटन के मवका पs महिला विकास मंच के संरक्षक वीणा मानवी, राष्ट्रीय अध्यक्ष अरुणिमा, राष्ट्रीय कार्यकारिणी के सदस्य शशिधर मिश्रा, रोजगार विंग के अध्यक्ष प्रीति बिमल आ सदस्य चंदा दास मवजूद रहे लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]