[the_ad_group id="30365"]

बोतल बंद हवा बेच के जम के कमाई कs रहल बा ई आदमी, 400 रुपया में मिलsला छोटका बोतल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिजनेस करे के लोग काफी कोशिश करेने लेकिन हर बिजनेस में सफलता मिले, एकर गारंटी नाइ बा। बिजनेस के सफल बनावे खातिर बहुत मेहनत करे के पड़sला। कई बेर बहुत ज्यादा मेहनत कइले के बाद भी बिजनेस में सफलता नाइ मिलsला, लेकिन कब्बो कब्बो लोग के एक बिजनेस आइडिया उनके बाजार में स्थापित कs सकsता। आजु हम आपके एगो अइसने शख्स के बारे में बतावल जाई जेकरे बिजनेस के सफल होखले के कौनो उम्मीद नाइ रहल होई।

कोलंबिया के एगो युवक हवा बेचे के शुरुआत कइलस अउर ओकर व्यापार सफल भी हो गइल बा। एह बिजनेस के बारे में आपके भी जान के हैरानी होई कि एह लइका के कइसे सफलता मिलल। कोलंबिया के ई युवक छोट-छोट बोतल में अपने शहर के हवा बंद कsके बेच रहल बा। दुनिया में चीन समेत कई देश में पहिलही से बोतल में ताजी हवा बंद क के बेचल जा रहल बा।

बोतल में हवा भरके बेचे वाला लड़का कोलंबिया के मेडेलिन के रहे वाला ह। अब ई बोतल में हवा पैक कsके बेचके खूब कमाई क रहल बा। ई मेडेलिन के ताजा हवा के एगो छोट बोतल में बंद करsला अउर ओके 400 रुपया में बेचsताने। इनके लइका के नाम जुआन कार्लोस एल्वाराडो ह जेकर बिजनेस सफल हो चुकल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]