[the_ad_group id="30365"]

सीडीओ कइलें राष्ट्रीय आजीविका मिशन समूह गठन के समीक्षा बैठक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर विकास भवन सभागार में राष्ट्रीय आजीविका मिशन योजना के अंतर्गत विकास खंड के ब्लॉक मैनेजर के संगे सीडीओ संजय कुमार मीना बइठक कs के समूह गठन सीसीएल के समीक्षा करत निर्देशित कइलें कि दिहल गइल लक्ष्य के अंतर्गत समूह के गठन करें। समूह गठन में कौनो तरे के कोताही बर्दाश्त नाइ कइल जाई। जौन ब्लॉक मिशन मैनेजर अपने दायित्व के सही तरीका से निर्वहन नाइ कs रहल बानें, ओ ब्लॉक मिशन मैनेजरन के संगे कड़ा कार्रवाई कइल जाई।
समूहन के गठन में लापरवाही सोझे अइले पर बीएमएम के 10 दिन के अंदर प्रगति आख्या प्रस्तुत करे के कहलें। संगही चेतावनी दिहलें कि अइसन नाइ भइला के स्थिति में सेवा से हटा देहल जाई। कहलें कि योजना के सफलता से चलावे खातिर सब बीएमएम ग्रामीण क्षेत्र में जा के समूहन के गठन करे अउरी काम में तेजी लावें। अउरी उहवें से आपन फोटो भी भेजें। सब खंड विकास अधिकारी रोज एकर निगरानी करें। ‘स्वयं सहायता समूह’ के बैंकन में प्राथमिकता से खाता खुलवावें। अपेक्षित प्रगति न पावल गइले पर उन के सेवा से पृथक क देहल जाई। सब विकास खंड में स्वयं सहायता समूह के गठन, रिवाल्विग फंड, सीसीएल अउरी हर बीएमएम के कइल जा रहल काम के समीक्षा कइल गईल।
बीसी सखी अउरी विद्युत सखी के कार्य के भी समीक्षा में बतावल गइल कि जिला में विद्युत सखी काम क रहल बा। बइठक में प्रमुख रूप से पीडी/ उपायुक्त स्वरोजगार अनिल सिंह जनपद स्तरीय राष्ट्रीय आजीविका मैनेजर मौजूद रहलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]