[the_ad_group id="30365"]

शिंदे कैंप में बगावत! मंत्री न बनावल गइले से खिसियाइल विधायक ट्वीट से देहलें कई इशारा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

महाराष्ट्र के सियासत में हरदम कुछ न कुछ उथल-पुथल के खबर सामने आ रहल बा। पहिले पूर्व मुख्यमंत्री उद्धव ठाकरे से बगावत भइल। एकनाथ शिंदे नयका मुख्यमंत्री बनलें। एकरे बाद लमहर समय ले मंत्रिमंडल विस्तार न होखले के कारण नई सरकार सवालन के घेरा में रहल। अब जब मंत्रिमंडल विस्तार भी हो चुकल बा त नया बखेड़ा जनम ले लेहलें बा।

दरअसल, शिंदे गुट में शामिल भईल औरंगाबाद पश्चिम के विधायक संजय शीर्षत के एगो ट्वीट से नया अटकल पैदा हो गईल बा। उ एगो ट्वीट में महाराष्ट्र के परिवार के मुखिया उद्धव ठाकरे के बतवले बाड़े। तब से अंदाजा लगावल जा रहल बा कि शिंदे शिविर में सबसे पहिले शामिल होखे वाला संजय शीर्षत के मंत्री पद ना मिलला से परेशानी बा।

ट्वीट में सफाई दिहल गइल बा

दरअसल संजय शीर्षत उद्धव ठाकरे के एगो वीडियो पोस्ट कईले रहले। एह में ठाकरे महाराष्ट्र के बारे में आपन राय देहले रहले। ओकरा बाद से अटकल लगावल जात बा कि उनकर ट्वीट शिंदे शिविर खातिर एगो चेतावनी बा। हालांकि संजय शीर्षत कहले कि हमार ट्वीट के मंशा इ रहे कि जब आप कवनो परिवार के मुखिया के भूमिका निभावत बानी त आप अपना परिवार के राय के सम्मान करी।

शिंदे से कवनो नाराजगी नइखे

ए ट्वीट प सफाई देत शीर्षत कहले कि हमार ट्वीट ए चलते नईखे कि हमरा मंत्री पद ना मिलल। ऊ कहले, हम त बस उहे बोलत बानी जवन हमरा सही लागेला. हम इहो मानत बानी कि उद्धव ठाकरे के राकांपा आ कांग्रेस से गठबंधन ना करे के चाहत रहे. उ कहले कि शिंदे शिविर में हमनी के सभे खुश बानी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]