[the_ad_group id="30365"]

लोजपा ना तूर पाई लो तीन सांसद, दलबदल कानून के डर से NDA में पशुपति पारस गुट के MP बनल रही लो

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार में सनिचर के खबर उड़ल कि पशुपति पारस गुट के तीन गो लोजपा सांसद महबूब अली कैसर, वीणा देवी आ चंदन सिंह एलजेपी आ एनडीए छोड़के महागठबंधन के पाला में आ सकत बा लो आ नीतीश कुमार के जेडीयू में शामिल हो सकत बा लो। बाकिर साँझ होखत-होखत वीणा देवी आ चंदन सिंह के बयान आ गइल कि ऊ लोग एनडीए में रहे लो, एनडीए में बा लो आ एनडीए में आगहु रही लो। मानल जा रहल बा कि जेडीयू अध्यक्ष ललन सिंह के ऑपरेशन एनडीए में दलबदल कानून आड़े आ गइल बा काहेकि छव गो सांसदन वाली लोजपा के तुरे खातिर चार सांसदन के जरूरत होई।

जनता के बीचे भले पशुपति पारस आ चिराग पासवान के लोजपा अलग-अलग होखे बाकिर लोकसभा के रिकॉर्ड में दुनो एके बा। लोकसभा में लोक जनशक्ति पार्टी के 6 सांसद बा लो जेमे पारस गुट के 5 सांसदन के साथे-साथे चिरागो शामिल बाड़े। अइसन में दलबदल कानून के मोताबिक लोजपा में टूट खातिर दु तिहाई माने कुल 4 सांसदन के एक साथे होखल जरूरी बा।

बिहार में जवन खबर उड़ल ओमे महबूब अली कैसर, वीणा देवी आ चंदन सिंह के नाम चलल। चउथा सांसद के जुगाड़ कइल एह लो खातिर मुश्किल होई काहेकि बाकी तीन पासवान परिवार के हs लो। एह तीन में एगो तs खुद केंद्रीय मंत्री पशुपति पारस बाड़े जे नीतीश के एनडीए छोड़ला के बाद कह चुकल बाड़ें कि लोजपा एनडीए में रही। दूसरा चिराग पासवान जे लोजपा के दूसरा गुट के इकलौता  सांसद बाड़े। चिराग के नीतीश से एह समय तs सीधा अदावत बा आ दुनों एक साथ आ सको अइसन माहौलो नइखे।

तीसर बाड़े प्रिंस राज जे पारस के भतीजा आ चिराग के चचेरा भाई हवे। चूंकि पारस भा चिराग के फिलहाल नीतीश के तरफ आइल संभव नइखे अइसन में एह तीन सांसद लो के आखिरी उम्मीद प्रिंस राज बाड़े। जब तक प्रिंस राज एह तीनों सांसद लो के साथे आवे के तइयार नइखन होत तब ले केहू के लोजपा छोड़ल मुश्किल बा।

चलते-चलत ललन सिंह के एगो पुरान बयान याद दिला दीं। ललन सिंह एक बेर कहले रहले कि ऊ होम्योपैथ के डॉक्टर हवे आ जब बेमारी के इलाज करेले तs जड़ से खत्म कs देवेले। चिराग पासवान आ लोजपा जेडीयू के सोझा एगो बेमारी बा जवना के इलाज पार्टी के होम्योपैथ डॉक्टर साहब खोज रहल बाड़े।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]