[the_ad_group id="30365"]

बिहार विधानसभा में नीतीश सरकार के फ्लोर टेस्ट 24 अगस्त के, 25 अगस्त के नाया स्पीकर के चुनाव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार विधानसभा के विशेष सत्र 24 आ 25 अगस्त के होई । 24 अगस्त के बिहार विधानसभा में महागठबंधन सरकार विश्वासमत हासिल करी। ओहिजा 25 अगस्त के विधानसभा अध्यक्ष के चुनाव होई। सीएम नीतीश कुमार के अध्यक्षता में बुध के भइल बैठक में एह तारीख पs निर्णय लिहल गइल।

महागठबंधन सरकार के ई कैबिनेट के पहिला बैठक रहे। एह बैठक में इहो निर्णय लिहल गइल कि महाधिवक्ता के रूप में ललित किशोर आगहु काम करते रहिहे। कैबिनेट के बैठक में उपमुख्यमंत्री तेजस्वी यादवो उपस्थित रहले।

ओहिजा दूसरा ओर महागठबंधन सरकार में मंत्रियन के संख्या के संगही विभागन के बंटवारा तय हो गइल बा। जानकारी के मोताबिक जदयू के लगे मंत्रियन के संख्या आ विभागन के जिम्मेवारी पूर्ववर्ती सरकार के लेखा महागठबंधन में बरकरार रही। जबकि भाजपा कोटा के बाचल बाकी विभाग महागठबंधन के खेमा में जाई।

महागठबंधन के एगो वरिष्ठ नेता बतवले कि मंत्रियन के बंटवारा जदयू आ महागठबंधन के बीच भइल बा । माने जदयू कोटा के मंत्री तय होखला के बाद बाकी बचल सीटन पs महागठबंधन के ओर से बंटवारा कइल गइल बा। जदयू कोटा से मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के छोड़ कर 12 मंत्री होई लो। बाकी बचल मंत्रियन में राजद कोटा से उपमुख्यमंत्री तेजस्वी प्रसाद यादव के छोड़ के 15 आउर मंत्री शपथ लिही लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]