Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

महाराष्ट्र: कल्याण-नासिक हाईवे पs बड़ हादसा, तेज रफ्तार कार 5 लोगन के कुचल देलस, 3 के मउका पs मउत, दु लोग घायल

महाराष्ट्र के कल्याण-नाशिक राजमार्ग पs एगो तेज रफ्तार कार सड़क पs चलत लोग के कुचल दिहलस। एह हादसा में 3 लोग के जगहे पs मउत हो गईल बा। मरेवाला मजूर के काम करत रहले अवुरी काम के बाद घरे लवटत रहले।

405

 

मुंबई : महाराष्ट्र के कल्याण-नाशिक राजमार्ग पs एगो बड़ दुर्घटना हो गईल बा। तेज रफ्तार से आवत कार सड़क पs चलत 5 लोग के कुचल देले बिया। एह हादसा में 3 लोग के जगहे पs मौत हो गईल अवुरी 2 लोग गंभीर रूप से घाही बाड़े। पुलिस कार जब्त क लेले बिया। मरेवाला लोग के पहचान जगदीश महेंद्रसिंह डावर, सुरमल मांजरे, दिनेश तारोले के रूप में भईल बा। ई लोग मध्य प्रदेश के रहे आ महाराष्ट्र में मजदूर के काम करत रहे। मरेवाला आदमी काम के बाद घरे लवटत रहे जब इ घटना घटल।

 

 

 

 

647670cookie-checkमहाराष्ट्र: कल्याण-नासिक हाईवे पs बड़ हादसा, तेज रफ्तार कार 5 लोगन के कुचल देलस, 3 के मउका पs मउत, दु लोग घायल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.