[the_ad_group id="30365"]

लखनऊ : भाजपा विधायक के फ्लैट में कर्मचारी फांसी लगाके कs लिहलस आत्महत्या, पुलिस शुरू कइलस तफ्तीश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

रविवार के देर रात हजरतगंज में भाजपा विधायक योगेश शुक्ला के विधायक आवास के फ्लैट नंबर 804 में उनका मीडिया सेल के एगो कर्मचारी फांसी लगा के आत्महत्या कs लेलस। सूचना पs पहुंचल पुलिस दरवाजा तूड़ के भीतर जाके लाश के पाश से निकाल देलस। आत्महत्या के कारण अबे ले पता नईखे चलल। पुलिस जांच शुरू क देले बिया।

हजरतगंज के निरीक्षक प्रमोद कुमार पाण्डेय बतवले कि बाराबंकी हैदरगढ़ निवासी 24 साल के श्रेष्ठ तिवारी बीकेटी विधायक के मीडिया सेल में काम करत रहले। रविवार के रात उ फ्लैट में अकेले रहले। श्रेष्ठ रात के करीब 11:30 बजे फांसी लगा लिहले। निरीक्षक के मुताबिक अभी तक कवनो सुसाइड नोट आदि बरामद नईखे भईल। आत्महत्या के कारण के पता लगावल जा रहल बा। घटना के बारे में मरेवाला के परिजन के जानकारी दिहल गईल बा।

फोन क के कहलस…हम आत्महत्या करे वाला बानी…

इंस्पेक्टर बतवले कि आत्महत्या करे से पहिले श्रेष्ठ कवनो परिचित भा रिश्तेदार के फोन क के कहलस कि उ आत्महत्या करे जात बान। जवना आदमी के उ फोन कईले रहले उ पुलिस कंट्रोल रूम के सूचना देले। एकरा बाद पुलिस टीम के फ्लैट नंबर 804 प भेज दिहल गईल। भीतर से दरवाजा बंद रहे। पुलिस जब घुस के घुसल त श्रेष्ठ के फांसी पs लटकल मिलल। पुलिस उनुकर मोबाइल जब्त क लेले बिया।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]