गाजियाबाद: रूप नगर एरिया में बड़ हादसा, मकान गिरले से मचल हड़कंप, मलबा में कई गो लोगन के दबल होखे के आशंका

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 23, 2023

  गाजियाबाद : यूपी के गाजियाबाद में एगो बड़ हादसा हो गईल बा। इहाँ के लोनी कोतवाली इलाका के रूप नगर इलाका में मकान गिरला से हड़कंप मचल बा। बहुत लोग के मलबा के नीचे

Share

 

गाजियाबाद : यूपी के गाजियाबाद में एगो बड़ हादसा हो गईल बा। इहाँ के लोनी कोतवाली इलाका के रूप नगर इलाका में मकान गिरला से हड़कंप मचल बा। बहुत लोग के मलबा के नीचे दफन होखे के आशंका बा। बचाव अभियान चल रहल बा आ ले 7 लोग के बचावल जा चुकल बा। एहमें से एगो के हालत गंभीर बतावल जात बा। भवन गिरला के कारण अबे ले पता नईखे चलल।

लखनऊ में भी अइसने हादसा भइल

हाल ही में उत्तरी रेलवे लखनऊ संभाग के फतेह अली रेलवे कालोनी में एगो घर के छत गिर गईल रहे। ए घटना में पांच लोग के दुखद मउत हो गईल। बरखा के बाद घर कमजोर हो गइल रहे आ ओकर हालत बिगड़ गइल रहे। सबेरे स्वच्छताकर्मी पुलिस के दुर्घटना के जानकारी देले,जेकरा बाद पुलिस अवुरी एनडीआरएफ के टीम मउका पs बचाव अभियान शुरू कs देलस।

सितम्बर में बाराबंकी में भवन गिरल रहे

सितंबर के शुरुआत में उत्तर प्रदेश के बाराबंकी जिला में बहुमंजिला भवन के गिरला के बाद तीन लोग के मलबा के नीचे दफन हो गईल रहे, जबकि 10 लोग घाही हो गईल रहले। बता दीं कि मलबा के नीचे फंसल लोग के बचावे में एनडीआरएफ अवुरी एसडीआरएफ टीम के सदस्य बहुत मेहनत कईले। एह हादसा में गंभीर रूप से घायल कुछ लोग के लखनऊ के किंग जार्ज मेडिकल यूनिवर्सिटी रेफर कs दिहल गइल जबकि बहुते लोग के स्थानीय अस्पताल में इलाज करावल गइल।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.