[the_ad_group id="30365"]

माफिया मुख्तार अंसारी के लखनऊ के आठ करोड़ के अवैध संपत्ति कुर्क, माई अउर बहिन के नामे रहल प्लाट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

माफिया मुख्तार अंसारी पs कानून के शिकंजा लगातार मजबूत होत जा रहल बा। सनीचर के लखनऊ के डालीबाग स्थित उनकर आठ करोड़ के अवैध संपत्ति के गाजीपुर पुलिस कुर्क कs लिहले बान ये संपत्तियां माफिया की मां व बहन के नाम पर दर्ज थीं। एकरे पहिले बसपा सांसद अउर मुख्तार के बड़ भाई अफजाल अंसारी के अपार्टमेंट में ईडी छापेमारी कs के कई सबूत जुटवले रहले।

पुलिस के मुताबिक, जौने ग्रैंडियर अपार्टमेंट में ईडी छापेमारी कइले बा। उहवाँ मुख्तार के पार्टी कौमी एकता दल के कार्यालय चलत रहे। ई लोग कई प्लाट पs कब्जा कइले रहनें।

मुख्तार अंसारी जेल में बंद बानें। उनके खिलाफ जमीन पs कब्जा कइले, अपहरण, वसूली, मछरी से ले के रेलवे अउर पीडब्ल्यूडी के ठेका पs कब्जा कइले सहित 49 आपराधिक मामिला दर्ज बा। पुलिस के अनुसार, मुख्तार पर गैंगस्टर एक्ट के तहत कार्रवाई कइल जा रहल बा।

पुलिस के अनुसार, डालीबाग में बटलरगंज बांध के लग्गे उनकर उनकर माई राबिया खातून अउर बहिन फहमीदा अंसारी के नाम दर्ज जमीन के कुर्क कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]