Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

नगर निकाय चुनाव पटना: 12 नगर निकायन में काल्ह सात बजे से सुरू हो जाई वोटिंग, 625836 मतदाता करी लोग वोट

नगर परिषद संपतचक, मसौढ़ी, बाढ़, खगौल, दानापुर निजामत, मोकामा, फुलवारीशरीफ, फतुहा, बख्तियारपुर आ बिहटा के अलावे नगर पंचायत पालीगंज आ पुनपुन में मतदान होई। वोटिंग खातिर 15 आदर्श बूथ बनावल गइल बा। 

185

पटना: जिला में 10 नगर परिषद आ दु गो नगर पंचायत में अतवार के मतदान बा। 327 वार्डन खातिर 776 बूथन पs सबेरे सात बजे से वोटिंग सुरू होई। एमे चलंत बूथन के संख्या 75 बा। वोटिंग में 6,25,836 वोटर पार्षद, उप मुख्य पार्षद आ मुख्य पार्षद पद खातिर मतदान करी लोग।

नगर परिषद संपतचक, मसौढ़ी, बाढ़, खगौल, दानापुर निजामत, मोकामा, फुलवारीशरीफ, फतुहा, बख्तियारपुर व बिहटा के अलावा नगर पंचायत पालीगंज आ पुनपुन में मतदान होई। वोटिंग खातिर 15 आदर्श बूथ बनावल गइल बा। सुक के साँझ पांच बजे एह इलाकन में चुनाव प्रचार थम गइल। चुनाव पूरा करावे खातिर रिजर्व सहित 5160 मतदान दल कर्मियन आ 336 पीसीसीपी कर्मियन के प्रतिनियुक्त कइल गइल बा। पहिला चरण में काउंटिंग टेबल के कुल संख्या 315 आ रिजर्व सहित मतगणना कर्मियन के कुल संख्या 1044 बा।

सात लोगन पs लागल सीसीए

मतदान खातिर 102 सेक्टर पदाधिकारी नियुक्त कइल गइल बा लोग। वोटिंग के दौरान बूथन से 200 मीटर के दूरी तक धारा 144 लागू रही। वोटिंग से लेके मतगणना तक के निगरानी खातिर जिला समाहरणालय में जिला नियंत्रण कक्ष बनावल गइल बा। प्रशासन के ओर से 437 लोगन पर अलग-अलग ममिला दर्ज कइल गइल रहे। क्राइम कंट्रोल एक्ट (सीसीए) के तहत सात, सीआरपीसी धारा 107 के तहत 405 आ सीआरपीसी धारा 116 के तहत 25 ममिला दर्ज भइल बा।

15 आदर्श मतदान केंद्र बनावल गइल 

  • डीएवी स्कूल जूनियर विंग, सगुना मोड़ (पूर्वी आ पश्चिमी भाग)
  • प्राथमिक विद्यालय फुलवारीशरीफ कन्या (बिड़ला कॉलोनी) मध्य भाग आ दहिना भाग
  • उत्क्रमित मध्य विद्यालय, धरहरा (पूर्वी भाग)
  • रेलवे उच्च विद्यालय, खगौल (उत्तरी भाग)
  • उत्क्रमित मध्य विद्यालय प्रखंड कॉलोनी (मध्य आ पश्चिमी भाग)
  • प्राथमिक विद्यालय, साहबेगपुर (पूरब व पश्चिमी भाग)
  • उत्क्रमित मध्य विद्यालय, अब्नुल्लाहचक (दक्षिणी आ उत्तरी भाग)
  • शिक्षक प्रशिक्षण स्कूल, बाढ़ (दक्षिण व उत्तर भाग)

वोटिंग में तीन इवीएम के होई उपयोग

नगर निकायन के तीन पद पार्षद, उप मुख्य पार्षद आ मुख्य पार्षद खातिर चुनाव हो रहल बा। एहिसे अलग-अलग पदन खातिर तीन गो इवीएम के उपयोग हर बूथ पs होई। वोटिंग खातिर तीन वोटिंग कंपार्टमेंट बनावल जाई। तीनो पदन के बीयू अलग-अलग वोटिंग कंपार्टमेंट में रही। नगर परिषद बाढ़, मोकामा आ मसौढ़ी के मुख्य पार्षद, नगर परिषद बिहटा के उप मुख्य पार्षद आ नगर परिषद संपतचक के वार्ड संख्या 24 के पार्षद पद खातिर दु-दु बीयू वोटिंग कंपार्टमेंट में रखल जाई।

दु घंटा पहिले इवीएम होई उपलब्ध

वोटिंग सुरू होखे के दु घंटा पहिले पीठासीन पदाधिकारी के इवीएम, ग्रीन पेपर, सील, स्ट्रिप सील, स्पेशल टैग आदि उपलब्ध करावल जाई। सबेरे सात बजे वोटिंग सुरू होखे के 90 मिनट पहिले सबेरे साढ़े पांच बजे एजेंटन के उपस्थिति में मॉकपोल होई। चुनाव के दिन से एक दिन पहिले प्रतिनियुक्त पुलिस पदाधिकारी असामाजिक तत्वन आ वाहनन पर नजर रखी लोग। सीमा सील होखला के संगही नदियो में गश्ती के बेवस्था रही।

जिला नियंत्रण कक्ष के नंबर

  • जिला नियंत्रण कक्ष के दूरभाष संख्या-0612- 2210015
  • नगर परिषद संपतचक आ मसौढ़ी- 0612-2210016
  • नगर परिषद बाढ़ आ मोकामा- 0612- 2210017
  • नगर परिषद खगौल आ दानापुर निजामत- 0612- 2210018
  • नगर परिषद फुलवारीशरीफ आ बिहटा- 0612- 2210030
  • नगर परिषद फतुहा आ बख्तियारपुर- 0612- 2210040
  • नगर पंचायत पालीगंज आ पुनपुन- 0612- 2210080
412850cookie-checkनगर निकाय चुनाव पटना: 12 नगर निकायन में काल्ह सात बजे से सुरू हो जाई वोटिंग, 625836 मतदाता करी लोग वोट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.